सिविल कोर्ट के अधिवक्ता पs हमला के कोसिस नाकाम, दुगो आरोपियन के अधिवक्ता लोग दबोचल 

khabar Bhojpuri Desk

गोरखपुर। बुध के सिविल कोर्ट में पांडेयहाता निवासी अधिवक्ता रविंद्र दुबे पs हमला करे तीन आरोपी आइल रहलें सs। एह दौरान तीन संदिग्ध जुवकन में से दुगो के वकील लोग पकड़ लिहल, जबकि एगो फरार हो गइल। पकड़ल गइल दुनो नवहन के अधिवक्ता लोग खूब पिटाई कइल। ओकरा बाद कैंट पुलिस के हवाले कs दिहल लो।

कचहरी परिसर में तीन गो जुवक संदिग्ध इस्थिति में घूमत रहलें सs 

जानकारी के मोताबिक घटना दुपहरिया करीब एक बजे के हs। रविंद्र दुबे बतवलें कि ऊ एगो ममिला में कैंपियरगंज के विपक्षी पक्ष के केस लड़ रहल बा। एही विवाद के चलते तीनो जुवक उनका पs हमला करे के मंशा से कचहरी परिसर पहुंचल रहलें सs। एमें से एगो जुवक कमर ओढ़के कचहरी में अंदर बइठल रहे, जबकि दुगो आउर चेंबर के बाहर बहुत देर तक घूमत रहलें सs।

अधिवक्ता लोग घेर के पकड़ल, पीटला के बाद पुलिस के सउपल लो

बहुत देर तक एकनी के संदेहास्पद इस्थिति में देख अधिवक्ता रविन्द्र एकनी के आवाज देलें, उनकर आवाज सुनतही आउर वकील मवका पs पहुंच गइल लो। वकीलन के एकजुट होखतही तीनो संदिग्ध भागे लागल लो। हालांकि, वकील लोग दुगो जुवकन के दउड़ाके दबोच लिहल। तीसरका जुवक, जवना के लगे कथित तौर पs पिस्टल रहे, भीड़ के फायदा उठाके फरार हो गइल। पकड़ल गइल जुवकन के अधिवक्ता लोग पहिले जमके पिटाई कइल आ फेर दुनो कैंट थाना पुलिस के सउप दिहल। घटना के बाद कचहरी परिसर में हड़कंप मच गइल।

Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।