गोरखपुर-फैजाबाद खंड स्नातक (एमएलसी) निर्वाचन क्षेत्र से मतदाता बने खातिर एगो अउर मौका बा। बुध के मतदाता सूची के ड्राफ्ट प्रकाशन के संगे मतदाता बनावे के काम फिर शुरू हो गइल। नौ दिसंबर ले आवेदन लिहल जाई। 30 दिसंबर के मतदाता सूची के अंतिम प्रकाशन होक।
एक अक्तूबर 2022 से नया सिरे से तैयार कइल जा रहल मतदाता सूची खातिर निर्वाचन क्षेत्र के सब 17 जिला से वोटर बने खातिर कुल दू लाख 20 हजार 915 आवेदन आइल रहे। एहमें से 1 लाख 98 हजार 611 आवेदनन के स्वीकृति मिलल बा। 3,339 आवेदन पत्र अस्वीकृत कs दीहल गइल रहल। गोरखपुर में सर्वाधिक 44,260 लोग वोटर बने खातिर आवेदन कइले रहनें, जेमें से 43,853 आवेदन स्वीकृत भइल रहे।
कुल स्वीकृत आवेदन में से पुरुष लोग के आवेदन के संख्या एक लाख 39 हजार 236 बा जबकि महिला के आवेदन के संख्या 72, 234 बा। वोटर बने खातिर सबसे ज्यादा जागरूकता भी गोरखपुर के ही महिला लोग दिखावल। इहां 44,260 आवेदन में से 28,431 पुरुष अउर 15,422 महिला वोटरन के आवेदन पत्र स्वीकृत भइल रहे। इहां कुल 407 आवेदनपत्र अस्वीकृत कइल गइल रहे।
गोरखपुर-फैजाबाद खंड स्नातक निर्वाचन क्षेत्र के तहत पांच मंडल गोरखपुर, बस्ती, आजमगढ़, फैजाबाद अउर देवीपाटन मंडल के 17 जिला के स्नातक वोटर मतदान कर पइहें। एक नवंबर 2022 से तीन साल पूर्व स्नातक के डिग्री हासिल करे वाले ही मतदाता बन पइहें। आवेदन भरकर संबंधित तहसील कार्यालय में जमा करे के होई।
Comments are closed.