MH JH Exit Polls: महाराष्ट्र के नव, झारखंड के छव गो एग्जिट पोल्स केकर सरकार बना रहल बा? इहां देखीं सारा आंकड़ा

khabar Bhojpuri Desk

महाराष्ट्र में बीतल पांच साल के दौरान कइयन गो नाटकीय सियासी घटनाक्रम भइल। एकरा बाद विधानसभा चुनाव के बारी आइल। इहां भाजपा बनाम कांग्रेस के संगे-संगे दुगो शिवसेना आ दुगो एनसीपी के बीच मुकाबला रहे। माने एकनाथ शिंदे के शिवसेना बनाम उद्धव ठाकरे के शिवसेना आ अजीत पवार के एनसीपी बनाम शरद पवार के एनसीपी। दुनो क्षेत्रीय दलन के ई धड़ा भाजपा आ कांग्रेस के अगुआई वाला गठबंधनन के हिस्सा बा। 288 सीटन वाला एह राज्य में मतदान के प्रक्रिया बुध के खत्म हो गइल। एकरा बाद एग्जिट पोल्स के सिलसिला सुरू भइल। एही के संगे 81 सीटन वाला झारखंड आउर उत्तर प्रदेश के नव विधानसभा सीटन पs भइल उपचुनाव से जुड़ल एगो एग्जिट पोल्स सामने आइल। आईं जानल जाव कि ई एग्जिट पोल्स का कह रहल बा…

एग्जिट पोल 2024: महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव
एग्जिट पोल 2024: महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव

महाराष्ट्र के नव एग्जिट पोल के आंकड़ा

महाराष्ट्र में विधानसभा चुनाव खातिर आज सब 288 सीटन पs वोट डालल गइल बा। ओहिजा मतदान खत्म होखला के बाद तमाम एग्जिट पोल के आंकड़ा सामने आवे लागल बा।महाराष्ट्र में अभी ले कुल नव एग्जिट पोल्स के आंकड़ा सामने आइल बा। एमे से सात एग्जिट पोल्स राज्य में महायुति के सबसे जादे सीट माने ओकरा सत्ता वापसी के संकेत देले बा। जबकि खाली दुगो एग्जिट पोल्स में महा विकास अघाड़ी के बहुमत के करीब के सीट मिले के अनुमान बा।

एग्जिट पोल 2024: झारखंड विधानसभा चुनाव
एग्जिट पोल 2024: झारखंड विधानसभा चुनाव

झारखंड में छव गो एग्जिट पोल के आंकड़ा

ओहिजा, 81 विधानसभा सीटन वाला झारखंड में विधानसभा चुनाव खातिर आज दूसरका चरण के तहत 38 सीटन पs वोट डालल गइल बा। राज्य में पहिला चरण में 43 सीटन पs 13 नवंबर के वोट डालल गइल रहे। आज चुनाव खत्म होखला के बाद एग्जिट पोल्स राज्य के लेके आपन आंकड़ा जारी कइले बा लो। अभी ले छव एग्जिट पोल्स में से चार में भाजपा+ के जादे सीट माने राज्य में सत्ता वापसी के संकेत बा। जबकि मात्र दुगो एग्जिट पोल्स में झामुमो+ के सत्ता बरकरार रखे के अनुमान बा।

यूपी विधानसभा उपचुनाव खातिर एग्जिट पोल के आंकड़ा

एग्जिट पोल 2024: यूपी विधानसभा उपचुनाव
एग्जिट पोल 2024: यूपी विधानसभा उपचुनाव

दु राज्यन में विधानसभा चुनाव के संगे-संगे उत्तर प्रदेश में नव विधानसभा सीटन पs उपचुनाव खातिर आज वोटिंग भइल बा। यूपी के लेके कुछ एग्जिट पोल्स आंकड़ा जारी कइले बा लो। जेमे अभी ले तीन के तीनो एग्जिट पोल्स में भाजपा+ के सबसे जादे सीट मिलला के संकेत बा। ओहिजा समाजवादी पार्टी भाजपा के मुकाबले कम सीट मिलत दिख रहल बा।

Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।