महाराष्ट्र चुनाव: बीड सीट के निर्दलीय उम्मीदवार के आइल हार्ट अटैक, पोलिंग बूथ पs हो गइल मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 21, 2024

    महाराष्ट्र में विधानसभा चुनाव खातिर मतदान पूरा हो गइल बा. ओने पुलिस के कहल बा कि बीड के एगो निर्दलीय उम्मीदवार के बुध के दिने दिल के दौरा पड़ल जब ऊ मतदान बूथ

Share

निर्दलीय प्रत्याशी के हार्ट अटैक से मउत निर्दलीय प्रत्याशी के हार्ट अटैक से मउत निर्दलीय प्रत्याशी के हार्ट अटैक से मउत निर्दलीय प्रत्याशी के हार्ट अटैक से मउत निर्दलीय प्रत्याशी के हार्ट अटैक से मउत

 

 

महाराष्ट्र में विधानसभा चुनाव खातिर मतदान पूरा हो गइल बा. ओने पुलिस के कहल बा कि बीड के एगो निर्दलीय उम्मीदवार के बुध के दिने दिल के दौरा पड़ल जब ऊ मतदान बूथ पs वोट देबे के बारी के इंतजार करत रहुवे. ओह आदमी के अस्पताल ले जाइल गइल जहाँ डाक्टर ओकरा के मृत घोषित कs दिहले, ओकर नाम बालासाहेब शिंदे रहे.  महाराष्ट्र में नया सरकार चुने खातिर आजु 288 सीट कs मतदान भइल. वोट के गिनती 23 नवंबर के होई।

तs का स्थगित हो सकेला मतदान

बीड के छत्रपति शाहू विद्यालय, बालासाहेब शिंदे मतदान बूथ पs जमीन पs गिरले। पहिले उनुका के बीड के काकू नाना अस्पताल आ ओकरा बाद छत्रपति शंभाजी नगर अस्पताल ले जाइल गइल जहाँ डाक्टर उनुका के मृत ले आवल घोषित कs दिहले. पुलिस के कहनाम बा कि लाश के पोस्टमार्टम खातीर भेज दिहल गईल बा। जनप्रतिनिधित्व अधिनियम 1951 के मुताबिक चुनाव के दौरान कवनो उम्मीदवार के मउत हो गईल तs धारा 52 के तहत संबंधित सीट पs मतदान स्थगित कईल जा सकता।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.