Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Hush Money Case: अमेरिकी राष्ट्रपति रहल डोनाल्ड ट्रंप अदालत में अपना के निर्दोष बतइने

अमेरिकी राष्ट्रपति रहल डोनाल्ड ट्रंप मंगल के दिने मैनहेट्टन के अदालत चहुँप गइलन| कोर्ट में पहुंचला के बाद ट्रंप के स्थानीय पुलिस गिरफ्तार क लेलस।

1,244
Google Ads 300*250 for posts

Hush Money Case: अमेरिकी राष्ट्रपति रहल डोनाल्ड ट्रंप अदालत में अपना के निर्दोष बतइने

अमेरिकी राष्ट्रपति रहल डोनाल्ड ट्रंप मंगल के दिने मैनहेट्टन के अदालत चहुँप गइलन| कोर्ट में पहुंचला के बाद ट्रंप के स्थानीय पुलिस गिरफ्तार क लेलस। डोनाल्ड ट्रंप 2016 के राष्ट्रपति चुनाव से पहिले पोर्न फिल्म अभिनेत्री स्टॉर्मी डेनियल्स के 1,30,000 डॉलर देवे के मामला में अदालत में पेश भईल बाड़े। मिल रहल जानकारी के मुताबिक ट्रंप कोर्ट में अपना के निर्दोष घोषित क देले बाड़े। ट्रंप कोर्ट में कहले कि हमरा पे लागल सभ 34 आरोप गलत बा। हम त एकदम निर्दोष बानी। उ कोर्ट में कहले कि हमरा विश्वास नईखे होखत कि इ सभ अमेरिका में होखता। सुनवाई के दौरान कोर्ट ट्रंप के चेतावनी देले रहे। जज साहब कहले कि अइसन बात बोले से परहेज करीं जवना से माहौल खराब हो जाई| जज के सोझा पेश भईला के बाद ट्रंप कोर्ट परिसर से निकल गईले।

 

कोर्ट में पेश होखे से कुछ घंटा पहिले ट्रंप अपना समर्थकन के एगो ईमेल भी भेजले रहले। एह ईमेल के विषय में ऊ लिखले बाड़न कि गिरफ्तारी से पहिले के हमार आखिरी ईमेल| डोनाल्ड ट्रंप पहिला अमेरिकी राष्ट्रपति रहल बाड़न जिनका पे कवनो आपराधिक मामिला के आरोप बा|

बता दीं कि डोनाल्ड ट्रंप सोमार के दिने अपना ‘मार-ए-लागो’ आवास से बोइंग 757 विमान से मैनहेट्टन कोर्ट चहुँपे से पहिले आ पूर्वी मानक समय (ईएसटी) समय (भारतीय समय देर) के समय से दुपहरिया तीन बजे न्यूयार्क खातिर रवाना भइल रहले| (12:30 बजे) न्यूयॉर्क के ला गार्डिया हवाई अड्डा पे पहुँचल।

 

एकरा से पहिले सोमवार के ट्रंप के वकील जज मर्चेन से निहोरा कईले कि उ अदालत के कक्ष में कैमरा ना ले आवे।उनकर वकील जज मर्चेन के लिखल चिट्ठी में कहले कि, हमनी के निहोरा बा कि मीडिया के निहोरा के खारिज क दिहल जाए -जइसे महाभियोग प्रक्रिया के दौरान माहौल बनावेला आ सुरक्षा के अजीबोगरीब चिंता पैदा करेला, आ ई ट्रंप के निर्दोषता के धारणा खातिर भी अनुकूल नइखे।

जज सोमार के रात कहले कि मीडिया संगठनन के महाभियोग के कार्यवाही के प्रसारण ना करे दिहल जाई बाकिर कुछ कैमरामैन कार्यवाही आधिकारिक तौर पे शुरू होखे से पहिले फोटो खींच सकेलें| रिपब्लिकन पार्टी से जुड़ल ट्रंप सोमार के दिने फ्लोरिडा छोड़े से पहिले ‘ट्रूथ सोशल’ प्लेटफार्म पे लिखले बाड़न कि उनुका के लगातार परेशान कइल जात बा| महाभियोग के प्रक्रिया ओह घरी भइल बा जब ट्रम्प के दोसरा संभावित आपराधिक मामिला में कानूनी बाधा के सामना करे के पड़त बा|

 

502640cookie-checkHush Money Case: अमेरिकी राष्ट्रपति रहल डोनाल्ड ट्रंप अदालत में अपना के निर्दोष बतइने

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.