Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

खुशखबरी:राजकीय आयुर्वेदिक, होम्योपैथी अउरी यूनानी के 19 कॉलेजन के मिलल संबद्धता, ए विश्वविद्यालय से मिलल मंजूरी

2,682
Google Ads 300*250 for posts

महायोगी गुरू गोरखनाथ आयुष विश्वविद्यालय प्रदेश के आठ राजकीय आयुर्वेदिक कॉलेजन, नौ होम्योपैथी कॉलेजन अउरी दू यूनानी कॉलेजन के सत्र 2021-22 खातिर संबद्धता देहल गईल बा। पहिले एह कॉलेजन के मान्यता अलग-अलग विश्वविद्यालयन से रहल। एह कॉलेजन खातिर आयुष विश्वविद्यालयक के सीट भी निर्धारित कइल गइल बा।

आयुष विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. अवधेश कुमार सिंह बतवने कि संबद्धता दे के प्रक्रिया शुरू कईल गईल बा। पहिले चरण में राजकीय आयुर्वेदिक, होम्योपैथी अउरी यूनानी कॉलेजन के मान्यता देहल गईल बा। प्रदेश के सब 107 महाविद्यालय संबद्ध कइल जाई। एह खातिर महाविद्यालयन के कोड, लॉगिन आईडी अउरी पासवर्ड भेज देहल गईल बा।

बतावल गइल कि निजी अउरी राजकीय महाविद्यालयन खातिर अलग-अलग शुल्क तय कईल गईल बा। निजी महाविद्यालयन में सौ सीट पर 1.50 लाख व 60 सीट पर 1.30 लाख रुपया अउरी राजकीय महाविद्यालयन में सौ सीट पर 40 हजार अउरी 60 सीट पर 30 हजार रुपया तय कईल गईल बा।

एह आयुर्वेद कॉलेजन के देहल गईल संबद्धता

 

  • राजकीय आयुर्वेद महाविद्यालय एवं चिकित्सालय चौकाघाट, वाराणसी,  सीट- स्नातक-75, परास्नातक-38
  • श्री लाल बहादुर शास्त्री स्मारक राजकीय आयुर्वेद महाविद्यालय एवं चिकित्सालय हंडिया, प्रयागराज- सीट- स्नातक-75
  • राजकीय आयुर्वेद महाविद्यालय एवं चिकित्सालय तुलसीदास मार्ग, लखनऊ, सीट- स्नातक- 75, परास्नातक-49
  • राजकीय आयुर्वेद महाविद्यालय एवं चिकित्सालय अंतर्रा, बांदा,  सीट-स्नातक-75
  • बुंदेलखंड राजकीय आयुर्वेद महाविद्यालय एवं चिकित्सा, झांसी, सीट- स्नातक- 75
  • एसआरएम राजकीय आयुर्वेद महाविद्यालय एवं चिकित्सालय बांसमंडी, बरेली, सीट- स्नातक 75
  • ललितहरि राजकीय स्नातकोत्तर आयुर्वेद महाविद्यालय एवं चिकित्सालय, पीलीभीत, सीट- स्नातक-63, परास्नातक-आठ
  • स्वामी कल्याणदेव राजकीय आयुर्वेद महाविद्यालय एवं चिकित्सालय, मुजफ्फरनगर, सीट-स्नातक-75

राजकीय होम्योपैथी, महाविद्यालय

  • शहीद राजा हरिप्रसाद मल्ल राजकीय होम्योपैथिक मेडिकल कॉलेज एंड हॉस्पिटल बड़हलगंज, गोरखपुर, सीट- स्नातक-125
  • राजकीय श्री दुर्गा जी होम्योपैथिक मेडिकल कॉलेज एंड हॉस्पिटल आजमगढ़, सीट- स्नातक-125
  • राजकीय गाजीपुर होम्योपैथिक मेडिकल कॉलेज एंड हॉस्पिटल, सीट- स्नातक- 63
  • राजकीय लाल बहादुर शास्त्री होम्योपैथिक मेडिकल कॉलेज एंड हॉस्पिटल फाफामऊ, प्रयागराज, सीट- स्नातक-125, परास्नातक-13
  • राजकीय डॉ बीके होम्योपैथिक मेडिकल कॉलेज एंड हॉस्पिटल देवकली अयोध्या, फैजाबाद, सीट- स्नातक-38
  • राजकीय शनल होम्योपैथिक मेडिकल कॉलेज एंड हॉस्पिटल गोमतीनगर, लखनऊ, सीट- स्नातक-125, परास्नातक-23
  • पंडित जवाहर लाल हरू होम्योपैथिक मेडिकल कॉलेज एंड हॉस्पिटल लखनऊ, सीट-स्नातक-125, परास्नातक-15
  • राजकीय होम्योपैथिक मेडिकल कॉलेज एंड हॉस्पिटल, छेरट, अलीगढ़, सीट-स्नातक-125
  • राजकीय केजीके होम्योपैथिक मेडिकल कॉलेज एंड हॉस्पिटल, मुरादाबाद, सीट- स्नातक-125

राजकीय यूनानी महाविद्यालय

  • राजकीय तकमील उत्तिब, कॉलेज एवं हॉस्पिटल निकट, रमाबाई रैली स्थल, बिजनौर रोड, औरंगाबाद तिराहा, लखनऊ, सीट- स्नातक- 75, परास्नातक-14
  • राजकीय यूनानी मेडिकल कॉलेज एवं हकीम अहमद हुसैन रिपिब्ल-डे मेमोरियल हॉस्पिटल हिम्मतगंज, प्रयागराज, सीट- स्नातक-75, परास्नातक-12
302510cookie-checkखुशखबरी:राजकीय आयुर्वेदिक, होम्योपैथी अउरी यूनानी के 19 कॉलेजन के मिलल संबद्धता, ए विश्वविद्यालय से मिलल मंजूरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.