[the_ad_group id="30365"]

UPSC ESE फाइनल रिजल्ट जारी, एतना कैंडिडेट्स भइले सफल, डायरेक्ट लिंक से करीं चेक

Upsc
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

संघ लोक सेवा आयोग इंजीनियरिंग सेवा परीक्षा (ईएसई) 2024 के अंतिम रिजल्ट घोषित कs दिहलस, जवना में 206 उम्मीदवार के नियुक्ति खातीर सिफारिश कईल गईल बा। यूपीएससी ईएसई के अंतिम नतीजा आयोग के आधिकारिक वेबसाइट upsc.gov.in पs देखल जा सकता।  आयोग सिविल इंजीनियरिंग के 92, मैकेनिकल इंजीनियरिंग के 18, इलेक्ट्रिकल इंजीनियरिंग के 26 अवुरी ई एंड टी इंजीनियरिंग के 70 उम्मीदवार के नियुक्ति खातीर सिफारिश कईले बा।

कइसे जांच आ डाउनलोड कइल जाला?

उम्मीदवार नीचे दिहल स्टेप के पालन कs के आपन रिजल्ट जाँच आ डाउनलोड कs सकेलें.

*सबसे पहिले यूपीएससी के आधिकारिक वेबसाइट पs जाईं।

*यूपीएससी सिविल इंजीनियरिंग परीक्षा रिजल्ट 2024 के लिंक पs क्लिक करीं एहिजा.

*इहाँ आपन रजिस्ट्रेशन नंबर आ पासवर्ड डालीं.

*अंतिम रिजल्ट आपके स्क्रीन पs देखाई दिही।

*नीचे दिहल डाउनलोड पss क्लिक करीं आ स्कोर कार्ड के अपना डेस्कटॉप पs सेव करीं.

*आखिर में एगो प्रिंटआउट लेके अपना लगे राखीं.

बता दीं कि लिखित परीक्षा जून में भइल रहे. जबकि अक्टूबर-नवंबर में इंटरव्यू भा पर्सनालिटी टेस्ट होखत रहे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]