[the_ad_group id="30365"]

CWG के ओपनिंग सेरेमनी में सिंधु थमिहें तिरंगा:चोटिल नीरज चोपड़ा के जगह होइहें भारत के ध्वजवाहक, रात 11.30 बजे शुरू होई समारोह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बर्मिंघम में ​​​​​​हो रहल ​कॉमनवेल्थ गेम्स (CWG) के ओपनिंग सेरेमनी में पीवी सिंधु भारत के ध्वजवाहक होइहें। ऊ चोटिल नीरज चोपड़ा के जगह लीहें। भारतीय ओलिंपिक संघ एकर घोषणा बुधवार के कइलस। ओपनिंग सेरेमनी भारतीय समयानुसार आज रात 11.30 बजे शुरू होई।

सिंधु दू बेर के ओलिंपिक मेडलिस्ट बाड़ी। उ 2016 रियो ओलिंपिक में बैडमिंटन में सिल्वर अउर टोक्यो ओलिंपिक में ब्रॉन्ज मेडल जीतले रहली। सिंधु के फ्लैग बियरर बनले के मौका लगातार दूसरा बेर मिलल बा। ऊ पिछला बेर ऑस्ट्रेलिया के गोल्ड कोस्ट (2018) में भी भारत के ध्वजवाहक रहली।

चानू अउरी लवलीना के नाम पर भी कइल गइल रहे विचार

सिंधु के अलावा टोक्यो ओलिंपिक में वेटलिफ्टिंग में सिल्वर मेडल जीते वाली मीराबाई चानू अउरी बॉक्सिंग में ब्रॉन्ज मेडल जीते वाली लवलीना बोरगोहेन के नाम पर भी विचार कइल गइल, लेकिन आखिर में चार सदस्यीय कमेटी पीवी सिंधु के नाम पर मुहर लगवलस।

एह कमेटी में ओलिंपिक संघ के अध्यक्ष अनिल खन्ना, सेक्रेटरी राजीव मेहता, ट्रेजरार आनंदेश्वर पांडे अउरी टीम इंडिया के मिशन प्रमुख (Chef de Mission) राजेश भंडारी शामिल रहलें। पहिले कमेटी  पीवी सिंधु, लवलीना बोरगोहेन अउरी मीराबाई चानू के नाम के शॉर्टलिस्ट कइलस अउरी बाद में सिंधु के नाम पर सहमति बनल।

भारत के ओर से उतरीहें 213 एथलीट 

22वें कॉमनवेल्थ गेम्स के आयोजन इंग्लैंड के बर्मिंघम में 28 जुलाई से आठ अगस्त ले हो रहल बा। भारत के 213 खिलाड़ी एहमें शामिल होइहें। पहिले 215 एथलीट एमें हिस्सा लेवे वाला रहने, लेकिन स्टार भालाफेंक खिलाड़ी नीरज चोपड़ा चोटिल हो गइलें अउरी ट्रिपल जंप में नेशनल रिकॉर्ड धारक ऐश्वर्या बाबू डोप टेस्ट में फेल हो गइलीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]