[the_ad_group id="30365"]

जेईई मेन: 12 लाख 67 हजार से जादे स्टूडेंट्स में बिहार से 52 हजार आवेदन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (एनटीए) के ओर से जेईई मेन के जनवरी सत्र खातिर आवेदन प्रक्रिया सुक के संपन्न हो गइल। आवेदन में भइल गलतियन के सुधार 26 से 27 नवंबर तक कइल जा सकत बा। परीक्षा 22 से 31 जनवरी 2025 के हर दिन दु पालियन में संपन्न होई। एह साल सबसे जादे छात्र-छात्रा के जेईई मेन में सामिल होखे के उम्मीद बा। 13 लाख तक छात्र-छात्रा के एह साल सामिल होखे के उम्मीद कइल जा रहल बा।

पिछलका साल 12 लाख 21 हजार 764 रजिस्ट्रेशन करववले रहे। एह साल अभी ले सुक के सांझ तक 12 लाख 67 हजार से जादे छात्र-छात्रा लोगन के आवेदन कs चुकल बा। ई संख्या अभी आउर बढ़ी। एकर सबसे बड़ कारण अंतिम दिनन में बड़ संख्या में आवेदन कs रहल कैटेगरी वाला छात्र-छात्रा बा लो, जेकरा लगे पहिले आवेदन में मांगल गइल कैटेगरी संबंधित डिटेल्स ना रहे। एह छात्र-छात्रा के लगे कैटेगरी सर्टिफिकेट उपलब्ध ना रहे। अबकी बेर बिहार से करीब 52 हजार से जादे छात्र-छात्रा लोग जेईई मेन खातिर आवेदन कइले बा लो।

बोर्ड आ जेईई मेन सेशन में 15 दिन के अंतराल :

सीबीएसई बोर्ड के ओर से जारी कइल गई तिथियन के मोताबिक 12वीं के परीक्षा 17 फरवरी से 11 मार्च के बीच पूरा होई। पहिला बेर फिजिकल एजुकेशन परीक्षा से 12वीं कक्षा के परीक्षा सुरू हो रहल बा। 17 फरवरी के पहिला पेपर फिजिकल एजुकेशन के होई।

सबसे अंत में 11 मार्च के अंग्रेजी के परीक्षा होई। जेईई मेन के दुनो सत्र के परीक्षा आ सीबीएसई बोर्ड के परीक्षा में 16 दिन के अंतराल छात्र-छात्रा लोगन के मिल रहल बा। जेईई मेन जनवरी 22 से 31 आ अप्रिल सत्र के परीक्षाए एक से नव अप्रिल के बीच संपन्न होई। छात्र-छात्रा बोर्ड आ जेईई मेन परीक्षा के दिहल गइल अंतराल में बेहतर पढ़ाई कs सकी लो। जेईई मेन के परीक्षा देवे वाला सबसे जादे संख्या में सीबीएसई बोर्ड के विद्यार्थी होला लो। अब छात्र-छात्रा बड़ संख्या में कैटेगरी सर्टिफिकेट ना होखला पs सर्टिफिकेट खातिर आवेदन करे पs मिलल रसीद से आवेदन करत दिखाई दे रहल बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]