[the_ad_group id="30365"]

195 परिषदीय विद्यालयन के बच्चे मौत के साया में ले रहल बानें शिक्षा, नाइ सुन रहल बानें अधिकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बस्ती जनपद के 195 परिषदीय विद्यालयन के ऊपर से बिजली के तार गुजर रहल बानें। एसे स्कूल खुलले से बंद होखे ले करीब 15 हजार बच्वन खतरा में रहत बानें। बिजली के लटकत तार के कारन ऑपरेशन कायाकल्प के तहत एह स्कूलन में काम नाइ हो पवले रहल जेसे बच्चवन के बेहतर सुविधा नाइ मिल पा रहल बा। एक साल पहिले शासन स्कूलन के ऊपर से बिजली के तार हटवले के आदेश देहले रहल। लेकिन, आज ले हट नाइ पाइल।

जिला में 2071 परिषदीय स्कूल बा जेमें 1,430 प्राथमिक 324 उच्च प्राथमिक अउरी 317 संविलियन विद्यालय बा। जिनमें सत्र 2021-22 में दो लाख से अधिक विद्यार्थी पंजीकृत बानें। जिले में करीब 2071 विद्यालयन में से 195 के ऊपर से बिजली के तार गुजर रहल बा। एहमें से अधिकांश विद्यालयन में कहीं छत के ऊपर से त कहीं परिसर के बीचो बीच बिजली के तार गुजर रहल बा।

तार हटवावे खातिर बेसिक शिक्षा निदेशक विजय आनंद किरन ने बीएसए से सूची भी मांगी थी। सूची मिलने के बाद एके हटवावे खातिर बीएसए के आदेशित भी कइलस लेकिन, बिजली के तार अब ले नाइ हट सकल।

ई बा स्कूल जहां से गुजर रहल बा बिजली के तार

बेसिक शिक्षा विभाग कार्यालय के अनुसार, जिला के बनकटी में 32, सदर में 10, दुबौलिया में सात, गौर में 14, कुदरहा में पांच, परशुरामपुर 27, साऊंघाट 14, विक्रमजोत में 20, रुधौली में आठ व बहादुरपुर में 23, कप्तानगंज में तीन, रुधौली में आठ, रामनगर में 27, सल्टौआ में सात, हर्रैया में पांच विद्यालयन के ऊपर से बिजली के तार गुजर रहल बा।

सल्टौआ ब्लॉक के प्राथमिक विद्यालय बसडिलिया, उच्च प्राथमिक विद्यालय सल्टौआ, दुबौलिया क्षेत्र प्राथमिक विद्यालय दलपतपुर, पूर्व माध्यमिक विद्यालय बैरागल, प्राथमिक विद्यालय भरुकहवा, बनकटी क्षेत्र के प्राथमिक विद्यालय डेल्हा, रामनगर क्षेत्र के प्राथमिक विद्यालय बडोखर, प्राथमिक विद्यालय मोहम्मदनगर, बहादुरपुर क्षेत्र के प्राथमिक विद्यालय कलवारी, प्राथमिक विद्यालय वैष्णोपुर, परशुरामपुर क्षेत्र के कंपोजिट विद्यालय खडवा कुंवर, प्राथमिक विद्यालय विछनैया, गौर क्षेत्र के प्राथमिक विद्यालय पौनी जप्ती, कंपोजिट विद्यालय पूरा पैकोलिया, प्राथमिक विद्यालय एकटेकवा समेत 195 स्कूलन में लगभग 15 हजार से बेसी बच्चे पढ़ते बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]