Fatehpur News: एएनआई के पत्रकार दिलीप सैनी के बीतल रात कुछ लोग चाकू आ गोली मारके हत्या कs दिहल। बीच बचाव करे में उनकर साथी गंभीर रूप से घायल हो गइलें। घटना के जानकारी होखतही सनसनी फइल गइल आ पुलिस के अधिकारी मवका पs पहुंच गइल लो। एह ममिला में कइयन लोग के नामजद कs के छानबीन कइल जा रहल बा।
दिलीप पs कइयन लोग चाकू से हमला कइल
यूपी के फतेहपुर जिला के सदर कोतवाली क्षेत्र के भिटौरा रोड इस्थित एगो यार्ड के मालिक आ एएनआई पत्रकार दिलीप सैनी अपना एगो साथी शाहिद के संगे खाना खात रहलें। ओहि समय दिलीप के कुछ परिचित लोग पहुंच गइल आ कवनो बात के लेके ओह लोगन के बीच विवाद हो गइल। विवाद बढ़ला पs दिलीप पs कइयन लोग चाकू से हमला कs दिहल आ गोली मारके हत्या कs दिहल। बीच बचाव खातिर पहुंचल उनकर साथी शाहिद के चाकू मारके घायल कs दिहल आ फरार हो गइल। एह ममिला में 9 नामजद सहित 6 अज्ञात लोगन पs मुकदमा दर्ज कइल गइल बा।
यार्ड में खड़ा स्कार्पियो गाड़ी में तोड़फोड़ कइल गइल। सूचना पs पहुंचल पुलिस घायल के जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल। जहां डॉक्टर हालत गंभीर देखके कानपुर मेडिकल कॉलेज खातिर रेफर कs दिहल लो।
हत्या के सूचना पs जिला अस्पताल पहुंचल पुलिस अधीक्षक धवल जायसवाल बतवलें कि आपस में कवनो बात के लेके कहासुनी के बाद कुछ लोग दिलीप सैनी के चाकू मारके हत्या कs दिहल आ एगो जुवक घायल हो गइल बाड़ें। जेकर इलाज कानपुर में चल रहल बा। विवाद के कारण के पता लगावल जा रहल बा आ हत्या करे वाला लोगन के तलाश खातिर टीम के लगावल गइल बा।
6 अज्ञात के खिलाफ मुकदमा दर्ज
पुलिस अधीक्षक बतवलें कि पत्रकार के हत्या के ममिला में दुगो सगा भाइयन सहित 9 नामजद आ 6 अज्ञात के खिलाफ मुकदमा दर्ज कइल गइल बा। मुख्य आरोपी अन्नू तिवारी आ आलोक तिवारी उर्फ अक्कू तिवारी, बबलू पटेल, विपिन पटेल, चिक्कन, जोटी, अंकित तिवारी, शुभम पांडेय, सुनील राणा लेखपाल सहित 6 अज्ञात लोग बा।