[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: राज नर्सिंग कॉलेज के मालिक डॉक्टर अभिषेक यादव के संपत्ति होई कुर्क, डीएम दिहलें आदेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गैंगस्टर एक्ट के आरोपी अउर राज नर्सिंग कॉलेज के मालिक डॉ. अभिषेक यादव, उनकर पत्नी अउर बहिन के 50 करोड़ से अधिक के संपत्ति कुर्क होई। तिवारीपुर पुलिस के रिपोर्ट पर डीएम बुध के एह आशय के आदेश जारी कs दिहलें।

जानकारी के मुताबिक, डीएम आरोपी के चिह्नित जमीन, घर, नर्सिंग कॉलेज अउर आठ वाहन के कुर्क करे के आदेश दिहले रहनें। अलग-अलग बैंक के 15 से अधिक खाता से लेनदेन पs भी रोक लगा दिहल गइल बा। बिना मान्यता के नर्सिंग कॉलेज में विद्यार्थियन के प्रवेश के ले के जालसाजी करे के आरोपी डॉ. अभिषेक अउर उनकर पत्नी समेत पांच आरोपी एह समय जेल में बानें।

पिपराइच के तुर्रा बाजार स्थित राज नर्सिंग एंड पैरामेडिकल कॉलेज के संचालक डॉ. अभिषेक यादव पs शासन के निर्देश पर केस दर्ज करावल गइल रहे। आरोप बा कि कूटरचित दस्तावेज के सहारे शासन से मान्यता मिलले के जानकारी दे के नर्सिंग कॉलेज में छात्र-छात्रा लोग के प्रवेश लिहल गइल रहे। शिकायत पर शासन के संयुक्त सचिव अनिल कुमार सिंह आठ जनवरी 2022 के कोतवाली थाना में मुकदमा दर्ज करवले रहनें।

कोतवाली थाने में दर्ज भइल रहे गैंगस्टर के केस

जालसाजी के केस दर्ज कs के कोतवाली थाना पुलिस छानबीन कइलस त पता चलल कि दुर्गाबाड़ी निवासी डॉ. अभिषेक यादव, पत्नी डॉ. मनीषा यादव, शाहपुर के बशारतपुर में रहे वाली बहिन डॉ. पूनम यादव, साथी शक्तिनगर निवासी डॉ. सी प्रसाद उर्फ चौथी, बस्ती जिला के लालगंज, खोरिया निवासी शोभितानंद यादव, गुलरिहा थानाक्षेत्र के करमहा निवासी श्यामनरायण मौर्य अउर मोगलहा निवासी विशाल त्रिपाठी के संगे मिल के 2015 से ई गिरोह चला रहल बानें। एसएसपी के आदेश पर कोतवाली थाना पुलिस 16 सितंबर के आरोपियन के खिलाफ कोतवाली थाना में गैंगस्टर एक्ट के मुकदमा दर्ज करवले रहनें, जेकर विवेचना तिवारीपुर थाना पुलिस कs रहल बा।

डीएम कृष्णा करुणेश कहलें कि डॉ. अभिषेक के संपत्ति कुर्क करे के आदेश दिहल गइल बा। जल्दिए कार्रवाई होई। माफिया के खिलाफ एह तरह के सख्त कार्रवाई आगे भी जारी रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]