T20 World cup 2024: अभ्यास मैच से पहिले रोहित देले बड़ बयान, न्यूयॉर्क के परिस्थितियन के लेके कहलें ई बात

By Anurag Ranjan

Published on: May 31, 2024

भारत के टी20 विश्व कप में आपन अभियान सुरू करे से पहिले एक जून के बांग्लादेश के खिलाफ एकमात्र अभ्यास मैच खेले के बा। दुनो टीमन के बीच ई मुकाबला न्यूयॉर्क के नासाउ काउंटी इंटरनेशनल

Share

भारत के टी20 विश्व कप में आपन अभियान सुरू करे से पहिले एक जून के बांग्लादेश के खिलाफ एकमात्र अभ्यास मैच खेले के बा। दुनो टीमन के बीच ई मुकाबला न्यूयॉर्क के नासाउ काउंटी इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम पs खेलल जाई। एह मैच से पहिले भारतीय कप्तान रोहित शर्मा कहलें कि टीम के धेयान अभ्यास मैच के दौरान न्यूयॉर्क के परिस्थितियन के समझे पs रही। काहेकि टीम इहां एकरा पहिले कवनो मुकाबला नइखे खेलले।

आयरलैंड के खिलाफ सुरुआती मैच से पहिले भारत खातिर बांग्लादेश के खिलाफ अभ्यास मैच बहुते महत्वपूर्ण रही। रोहित एहु बात पs जोर देलें कि टीम खातिर टी20 विश्व कप से पहिले लय में लवटल केतना जरूरी बा आ खिलाड़ी अभ्यास मैच के दौरान परिस्थिति में ढलल चाही लो। भारतीय कप्तान आईसीसी के ओर से जारी वीडियो में कहलें, टूर्नामेंट पूरा तरे सुरू होखे से पहिले हमनी खातिर परिस्थिति के समझल जादे जरूरी होई, काहेकि हमनी के इहां एकरा पहिले कवनो मुकाबला नइखी सs खेलले। हमनी के कोसिस रही कि पांच जून के अपना सुरुआती मुकाबला से पहिले इहां के परिस्थिति में ढल सकी सs। ई बस लय में आइल आ मैदान के समझे के लेके बा।

रोहित के अमेरिका में जादे संख्या में दर्शकन के आवे के उम्मीद

भारतीय कप्तान पहिला बेर अमेरिका में हो रहल टी20 विश्व कप के लेके उत्सुक बाड़ें आ ऊ उम्मीद जतवले बा कि टूर्नामेंट के दौरान स्टेडियम में दर्शकन के बड़ भीड़ रही। रोहित बांग्लादेश के खिलाफ अभ्यास मैच से पहिले कहलें, न्यूयॉर्क के ग्राउंड बहुत सुंदर बा आ काफी खुलल बा मैदान बा। हमनी के अब आपन पहिला मैच खेले खातिर बेताब बानी सs आ स्टेडियम में माहौल के देखे के इंतजार नइखी सs कs पा रहल। स्टेडियम में दर्शकन के क्षमता अच्छी बा आ उम्मीद बा कि ई अच्छा रही।

न्यूयॉर्क के लोग विश्व कप देखे खातिर दिलचस्पी दिखा रहल बा लो काहेकि ई वैश्विक टूर्नामेंट इहां पहिला बेर हो रहल बा। हमरा यकीन बा कि सब टीमन के फैंस एह टूर्नामेंट खातिर बहुते उत्साहित रही लो आ खिलाड़ियों आपन अभियान सुरू करे खातिर बेताब होई लो।

भारत के पाकिस्तान से होई सामना

भारतीय टीम टी-20 विश्व कप में ग्रुप-ए में सामिल बा, जेमे आयरलैंड, पाकिस्तान, अमेरिका आ कनाडा मवजूद बा। भारतीय टीम पांच जून के आयरलैंड के खिलाफ खेलला के बाद नव जून के पाकिस्तान आ 12 जून के अमेरिका से खेली। एकरा बाद भारतीय टीम ग्रुप चरण के अंतिम मुकाबला कनाडा के खिलाफ 15 जून के खेली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.