[the_ad_group id="30365"]

Bihar News: बेतिया में बाघ दिखला से हडकंप, अलर्ट पs वन विभाग के टीम; भैंस आ दुगो राहगीरन पs मरलस झपट्टा

चनपटिया के पुरैना गांव के लगे लउकल बाघ, रेस्क्यू में जुटलें वनकर्मी। फोटो- जागरण
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिम चंपारण में 13 जुलाई के वीटीआर के जंगल से निकलके रिहाइशी इलाका में चहलकदमी कs रहल बाघ मंगर के सबेरे चनपटिया प्रखंड के पुरैना गांव के लगे लउकल।

बाघ गांव से 100 मीटर के दूरी पs इस्थित उख के खेत में लुकाइल बा। सबेरे में मवेशी चरावे गइल एगो चरवाहा आ भैंस पs बाघ झपट्टा मरले रहे। ओकरा बाद एगो राहगीर पs हमला करे के प्रयास कइलें। हालांकि, मवेशी आ दुनो ग्रामीण सुरक्षित बा लो।

पुलिस-वनकर्मियन के टीम खेत के चारो तरफ मवजूद
करीब 20 एकड़ के गन्ना के प्लॉट के पुलिस आ वनकर्मियन के टीम घेर लेले बिया। गांव के लोगन के सरेह में जाये से मना कs दिहल गइल बा। डीएफओ प्रदुम्न कुमार गौरव के नेतृत्व में वन कर्मियन के टीम रेस्क्यू खातिर पिंजरा, ट्रैंक्यूलाजरगन इत्यादि लेके पहुंचल बिया।

बता दीं कि बीतल 13 जुलाई के बाघ मानपुर गांव के लगे एगो नीलगाय के शिकार कइले रहे। तीन दिनन तक नीलगाय के मांस खाये खातिर उहां रुकल रहे। ओकर बाद करताहा नदी के तट के रास्ते बाघ चनपटिया के इलाका में घुस गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]