[the_ad_group id="30365"]

वैशाली से साइकिल से केदारनाथ खातिर निकलल 2 आदमी: 15 दिन में पहुंचके करी लो जलाभिषेक, छपरा में लोग कइल भव्य स्वागत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

वैशाली से केदारनाथ खातिर साइकिल यात्रा पs निकलल दु आदमी बियफे के सबेरे छपरा के मशरख पहुंचल लो। मशरख में स्थानीय आदमी लोग ओह लोगन के जमके स्वागत कइल। दुनो जुवक वैशाली से जल लेके केदारनाथ मंदिर पहुंच के जलाभिषेक करी।

सायकिल यात्रा पs निकलल दुन जुवक वैशाली के जंदाहा अरनिया टोला गांव निवासी सत्या अउर कृष्णा बा लो। यात्रा के दूसरका दिन एनएच-227 ए राम जानकी पथ से मशरख पहुंचला पs चन्देश्वर मोड़ पs एह लोगन के स्वागत कइल गइल। मुकेश कुमार सिंह के नेतृत्व में ऊ लोगन के फूल-माला पहिनावल गइल। राष्ट्रीय ध्वज के साथे डायरी आ पेन देके सम्मानित कइल गइल। पीये के पानी सहित जरूरत के सामान ओह लोगन के भेंट कइल गइल।

दुनो जुवक बतवाल लो कि पर्यावरण के सुरक्षा के धेयान में रखत अउर रास्ता में लोग के पर्यावरण के संदेश देत  केदारनाथ जाके महादेव के दर्शन करे के दृढ़ इच्छाशक्ति के साथे निकल बानी सs। प्रतिज्ञा के अनुसार अगर सबकुछ सही रहल त 15 दिन में केदारनाथ पहुंचके बाबा महादेव के जलाभिषेक करेम सs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]