Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

देवरिया सामूहिक हत्याकांड: आपस में भिड़लें भाजपा विधायक शलभ मणि आ शिवपाल यादव, बात गुंडा आ हैसियत तक पहुंचल 

देवरिया जिला में रुद्रपुर कोतवाली क्षेत्र के फतेहपुर गांव में बीतल सोमार के सबेरे छव बजे जमीन के विवाद में एगो पूर्व जिला पंचायत सदस्य के धारदार हथियार से काटके हत्या कs दिहल गइल। एसे गुस्साइल पूर्व जिला पंचायत सदस्य के पक्ष के लोग दूसरा पक्ष के घर में घुसके पति, पत्नी आ तीन संतानन के गोली मारके आ धारदार हथियार से प्रहार कs के हत्या कs दिहल, जबकि एगो बेटा गंभीर रूप से घायल हो गइल बा।

447

देवरिया जिला में रुद्रपुर के फतेहपुर के लेड़हा टोला में दु अक्तूबर के भइल सामूहिक हत्याकांड के लेके शहर के देवरिया-सलेमपुर मार्ग पs सोंदा इस्थित अक्षय वाटिका में अतवार के श्रद्धांजलि सभा के आयोजन कइल गइल रहे।

एह सभा में सदर विधायक डॉ. शलभ मणि कहलें कि दुबे परिवार के लोगन के नृशंस हत्या भइल बा आ ओकरा के कबो भुलावल नइखे जा सकत। ऊ सपा पs हमला बोलत कहलें कि एह प्रदेश के जनता समाजवादी पार्टी के गुंडाराज देखले बिया, एह वजह से सदा-सदा खातिर सत्ता से बाहर कs दिहल गइल।

कहलें कि समाजवादी पार्टी के गुंडा हमरा ऊपर आरोप लगावेला लो, कहेला लो कि विधायक हत्या करवलें… अरे हम चुनौती देत बानी, तहनी लोगन के हैसियत बा तs एक हजार जांच करा लवे।

शिवपाल यादव पलटवार कइलें 

एह बात के लेके शिवपाल यादव पलटवार कइलें आ ट्विटर यानि एक्स पs पोस्ट कइलें कि विधायक जी, सपा तs विपक्ष में बिया। रउआ सियासी रोटी सेंकल बंद कs के प्रशासन के जवाबदेही आ जिम्मेदारी तय करा लीं आ जदि पीड़ितन के निष्पक्ष न्याय दिलावे के रउआ हैसियत होखे तो न्याय जरूर दिला दीं।

एह पs दोबारा एक्स पs शलभ मणि जवाब देलें कि शिवपाल जी, राउर सरकार के आतंक लोग भूलाइल नइखे, ई पूरा विवाद 2014 से बा, जब रउआ सत्ता के मद में अन्याय करावत रहनी। जवाहरबाग से लेले देवरिया तक जमीन कब्जा करवावत रहनी। आजो सपा भले विपक्ष में बिया, बाकिर अराजकता एकर पहचान बा, योगी जी के सरकार हs, एहिसे न्याय के उम्मीद बा। बाकी फेर कहत बानी, एक हजार मुकदमा करा लीं, भा धमकी दिवा लीं, ना डेराइल बानी, ना डेराएम, गुंडन के गुंडा कहेम, भू माफिया के भूमाफिया।

ई बा पूरा ममिला

देवरिया जिला में रुद्रपुर कोतवाली क्षेत्र के फतेहपुर गांव में बीतल सोमार के सबेरे छव बजे जमीन के विवाद में एगो पूर्व जिला पंचायत सदस्य के धारदार हथियार से काटके हत्या कs दिहल गइल। एसे गुस्साइल पूर्व जिला पंचायत सदस्य के पक्ष के लोग दूसरा पक्ष के घर में घुसके पति, पत्नी आ तीन संतानन के गोली मारके आ धारदार हथियार से प्रहार कs के हत्या कs दिहल, जबकि एगो बेटा गंभीर रूप से घायल हो गइल बा।

साभार: अमर उजाला

658280cookie-checkदेवरिया सामूहिक हत्याकांड: आपस में भिड़लें भाजपा विधायक शलभ मणि आ शिवपाल यादव, बात गुंडा आ हैसियत तक पहुंचल 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.