Chhath Puja: बिहार के बेटी पहिला बेर अमेरिका में करिहें छठ महापर्व के आयोजन

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 21, 2024

खास बात Chhath Puja: बिहार के बेटी पहिला बेर अमेरिका में करिहें छठ महापर्व के आयोजन, हाजीपुर में लेली प्रशिक्षण Bihar: Suchita Jha of Madhubani will organize Chhath Mahaparva in America for first time, Hajipur

Share

खास बात

Chhath Puja: बिहार के बेटी पहिला बेर अमेरिका में करिहें छठ महापर्व के आयोजन, हाजीपुर में लेली प्रशिक्षण

Bihar: Suchita Jha of Madhubani will organize Chhath Mahaparva in America for first time, Hajipur

बिहार के समृद्ध लोक आस्था के महान पर्व छठ अब अमेरिकी धरती पऽ देखे के मिली, जब मधुबनी के बेटी सुचिता झा पहिला बेर अमेरिका में एह परब के आयोजन करीहें। सुचिता पिछला 20 साल से अपना पति अउरी परिवार के संगे अमेरिका में रहत बाड़ी। अबकी बेर तय भइल बा कि छठ पर्व उचित तरीका से मनावल जाव। एकरा खाती उऽ विशेष रूप से बिहार के हाजीपुर पहुंचली अउरी इहाँ छठ महोत्सव खातिर चार दिन के ट्रेनिंग लेली।

सुचिता झा अपना पति अजय कुमार झा अउरी बेटी अनचिता झा के संगे हाजीपुर के कुतुबपुर में अपना दोस्त अवधेश सिंह के घरे पहुंचली। जहाँ उनकर भव्य स्वागत कइल गइल। अवधेश सिंह के पत्नी सुधा कुमारी शर्मा समेत परिवार के बाकी लोग सुचिता के छठ व्रत के नियम अउरी संस्कार के बारे में जानकारी देले। ओह लोग के बतावल गइल कि कइसे साफ-सफाई, बिना पानी के उपवास आ धार्मिक संस्कार के पालन करके छठ पूजा कइल जाला।

शुचिता झा के दिहल गइल पूजा सामग्री

सुचिता के पूजा खातिर जरूरी सामान जइसे कि दउरा, सूप, साड़ी, धोती, आ अउरी पूजा सामग्री उपलब्ध करावल गइल, जवना के साथे उऽ अमेरिका चल गइली। उ बतवली कि अबकी बेर अमेरिका में छठ पूजा मनावे के मकसद बिहार के लोक परंपरा के जिंदा राखे अउरी ओकरा से नयकी पीढ़ी के जोड़े के बा।

अब बिहार के लोक आस्था के ई महान पर्व अमेरिकी धरती पऽ श्रद्धा आ भक्ति के साथे मनावल जाई, जहाँ भारतीय समुदाय के लोग एह परब में बहुत धूमधाम से भाग लीहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.