[the_ad_group id="30365"]

एमपी में 17, राजस्थान में 23 नवंबर के मतदान; पांचों राज्यन के नतीजा 3 दिसंबर के

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

निर्वाचन आयोग आज दुपहरिया 12 बजे प्रेस कॉन्फ्रेंस कइलास। एमें पांच राज्यन में होखे वाला चुनावन के तारीखन के एलान कइल गइल बा। गौर करे वाला बात बा कि इस साल के अंत तक पांच राज्यन- मध्य प्रदेश, राजस्थान, छत्तीसगढ़, तेलंगाना आ मिजोरम में चुनाव होखे के रहे।

कब कहां वोटिंग? 

राज्य मतदान की तारीख
मिजोरम 7 नवंबर
छत्तीसगढ़ 7 नवंबर, 17 नवंबर
मध्यप्रदेश 17 नवंबर
राजस्थान 23 नवंबर
तेलंगाना 30 नवंबर
नतीजे 3 दिसंबर

दिव्यांगन के घर पs मिलेगी वोटिंग के सुविधा 

छत्तीसगढ़, मध्य प्रदेश, राजस्थान, तेलंगाना आ मिज़ोरम के आगामी विधानसभा चुनाव के तारीखन के घोषणा करत मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार कहलें, “… PwD के कुल मतदाता लोगन के संख्या 17.34 लाख बा, अगर ऊ लोग मतदान केंद्र पs आके मतदान नइखे कs सकत लो तs ओह लोगन के घर से मतदान करे के सुविधा मिली…”

पांचों राज्यन में अबकी बेर केतना मतदान केंद्र? 

पहिला बेर विशिष्ट संवेदनशील आदिवासी समूहन (Particularly Vulnerable Tribal Groups) के सौ फीसदी पंजीयन करावल गइल बा। 17 अक्तूबर के मतदाता सूची सार्वजनिक करा दिहल जाई। 30 नवंबर तक मतदाता सूची में बदलाव करावल जा सकी।

अबकी बेर 1.77 लाख मतदान केंद्र होई। 1.01 लाख मतदान केंद्रन में वेब कास्टिंग के बेवस्था रही।

कवना राज्य में केतना मतदान केंद्र?

  • मध्यप्रदेश 64,523
  • राजस्थान 51,756
  • छत्तीसगढ़ 24,109
  • तेलंगाना 35,356
  • मिजोरम 1,276

नवहा मतदाता लोगन के उमिर 18 से 19 साल के बीच 

60.2 लाख नवहा मतदाता पहिला बेर वोट डाली लो। एकर उमिर 18 से 19 साल के बीच बा। 15.39 लाख वोटर अइसन बा लो, जवन 18 साल पूरा करे जा रहल बा आ जवना के एडवांस एप्लीकेशन प्राप्त हो चुकल बा।

सबसे जादे वोटर राजस्थान में

मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार कहलें कि कुल 16.14 करोड़ मतदाता एह चुनावन में अपना मताधिकार के उपयोग करी लो। एमें 8.2 करोड़ पुरुष मतदाता, 7.8 करोड़ महिला मतदाता होई लो। अबकी बेर 60.2 लाख नवहा मतदाता पहिला बेर वोट डाली लो।

कवना राज्य में केतना वोटर 

  • मध्यप्रदेश 5.6 करोड़
  • राजस्थान 5.25 करोड़
  • तेलंगाना 3.17 करोड़
  • छत्तीसगढ़ 2.03 करोड़
  • मिजोरम 8.52 लाख
  • मिजोरम 8.52 लाख
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]