जम्मू-कश्मीर के गांदेरबल में आतंकी हमला, डॉक्टर समेत 7 के मउत, 5 घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 21, 2024

  जम्मू कश्मीर के गंदरबल के सोनमर्ग के गगनगीर इलाका में अतवार के दिने आतंकी हमला भइल. एह हमला में डाक्टर समेत सात लोग के मउत हो गइल बा जबकि पाँच जने घवाहिल होखे के

Share

गगनगीर इलाका में अतवार के दिने आतंकी हमला

 

जम्मू कश्मीर के गंदरबल के सोनमर्ग के गगनगीर इलाका में अतवार के दिने आतंकी हमला भइल. एह हमला में डाक्टर समेत सात लोग के मउत हो गइल बा जबकि पाँच जने घवाहिल होखे के बात कहल जात बा.  ई आतंकी हमला गगनगीर के जेड मोड सुरंग के कैम्पसाइट के लगे भइल. इलाका में सुरंग बनावे में लागल एगो निजी कंपनी के शिविर में मजदूरन पs गोलीबारी भइल. आतंकी हमला के बाद सेना के जवान पूरा इलाका के घेराबंदी कs के तलाशी अभियान शुरू कs देले बाड़े।

केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह एह आतंकी हमला के निंदा कइले बाड़न. उs कहले कि, “जम्मू-कश्मीर के गगनगीर में नागरिक पs कायरता से भईल आतंकी हमला एगो घृणित काम बा। एs घिनौना काम में शामिल लोग के ना छोड़ल जाई अवुरी हमनी के सुरक्षा बल के कड़ा प्रतिक्रिया के सामना करे के पड़ी। अपार दुख के एs घड़ी में हम सामना करतानी। मृतक के श्रद्धांजलि हम घायल लोग के परिवार के प्रति हार्दिक संवेदना व्यक्त करतानी।”

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.