[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: खून माफिया गिरोह के शरणदाताओं और निजी ब्लड बैंक के धंधा के अब खुली खेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खून माफिया गिरोह पs भइल अब तक के कार्रवाई के एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर समीक्षा करइहें। एकरा बाद पूछताछ में आइल तथ्यन के आधार पs पुलिस जांच के आगे बढ़ाई। दरअसल, पुलिस जांच कs के छव लोगन के गिरोह में सामिल होखे के आरोप में जेल भेजलस, जबकि प्राइवेट ब्लड बैंक के नाम सामने आइल रहे, बाकिर ओकर जांच ना हो सकल। अब समीक्षा कs के आगे के कार्रवाई होखे के बा।

जानकारी के मोताबिक, 28 अगस्त के नगर निगम के पूर्व सफाई कर्मी वसील आ ओकर साथी केशरदेव के पुलिस गिरफ्तार कs के मेडिकल कॉलेज में खून माफिया के नेटवर्क के खोलले रहे। पुलिस के जांच में सामने आइल रहे कि मजदूर के मजबूरी के फायदा उठाके ओकरा खून के आठ हजार रुपिया में बेच दिहल गइल रहे। महराजगंज जिला के पनियरा थाना क्षेत्र के कमता बुजुर्ग निवासी गोरख चौहान (30) के तहरीर पs पुलिस केस दर्ज कs के चार आ आरोपियन के पकड़ल गइल रहे।

पुलिस के जांच में इहो सामने आइल कि मेडिकल कॉलेज के ब्लड बैंक के सीसीटीवी फुटेज के डिलीट कs दिहल गइल रहे। एकरा बाद आखिरी बार पकड़ल गइल युवक बतवलस कि प्राइवेटो ब्लड बैंक से ओकनी के सेटिंग रहे। बाकिर एकरा बाद जांच आगे ना बढ़ल। पुलिस जदि जांच आगे बढ़वे तs गिरोह में सामिल आउर लोग पकड़ में आ सकत बा।

एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर बतवलें कि दर्ज केस के समीक्षा कइल जाई। जदि कुछ तथ्य जांच में आउर आइल तs ओकरा आधार पs पुलिस आगे के कार्रवाई करी।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]