Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गया में चीन के महिला जासूस: दलाई लामा अउर बोधगया पर नजर रखे वाली महिला के स्केच जारी

297
Google Ads 300*250 for posts

आध्यात्मिक धर्मगुरु दलाई लामा के एह बेर बिहार दौरा जिला प्रशासन अउर सरकार खातिर सिरदर्द बन गइल बा। पहिले उनकर प्रवचन सुने आइल लोग के संगे कोरोना आइल अउर अब एगो चीनी जासूस के गतिविधियन के जानकारी से राज्य सरकार अउर जांच एजेंसियन के हिला दिहले बा। पुलिस अउर जांच एजेंसी चीनी संदिग्ध महिला के स्केच जारी कs के उनकर तलाश कर रहल बिया, हालांकि अब ले ऊ हाथे नाइ लागल।

खुफिया तंत्र के अब ले नाइ मिलल कौनो सुराग

धर्मगुरु दलाई लामा कुछ दिन से गया में बानें। उनके आसपास मजबूत सुरक्षा बा। चार स्तर के सुरक्षा के परिधि के अनुमति के बादे केहू पहुंच सकsता। उनकर सुरक्षा पs आतंकवाद निरोधक दस्ता (ATS) के नजर बा अउर दू हजार पुलिसकर्मियन सहित अन्य सुरक्षा एजेंसी काम कs रहल बा। अइसे में एगो संदिग्ध चीनी महिला के जानकारी सोझे आइल रहे, जौन उनका पर नजर रखत रहल।

एह जानकारी के सथही जिला प्रशासन अउर खुफिया एजेंसी ओ संदिग्ध महिला के ढूंढ़ले में जुटल बा। पुलिस अउर जांच एजेंसियां सब होटल, मठ अउर लॉज सहित सब संभावित ठिकानन के खंगाल रहल बा। ई डर एहलिए भी बढ़ गइल बा, काहेसे कि बोधगया पुलिस करीब तीन महीना पहिले भी एक होटल से एगो संदिग्ध चीनी जासूस के हिरासत में लिहले रहे।

संदिग्ध के पहचान के नाम पs स्केच अउर वीजा

ओ संदिग्ध चीनी महिला के पहचान अब ले सांग जियालोन के रूप में कइल जा रहल बा। ओकर वीजा नंबर 901BAA2J अउर पीपी नंबर- EH2722976 ह। दुबर-पातर देह अउर सिर पर बहुत छोट-छोट बाल वाली संदिग्ध महिला भिक्षु के रूप धइले कs के रखले बा। पुलिस मुख्यालय होत बोधगया ले पहुंचल एह जानकारी के बाद खुफिया तंत्र मुखबिर लोग के भी मदद ले रहल बा।

बीतल छह दिन में अब ले 19 विदेशी कोरोना पॉजिटिव पावल गइल बा। विदेशी मेहमान के साथही जिला के लोग खातिर भी जिला प्रशासन मास्क अनिवार्य कs दिहले बा। दूसर बात इहो बा कि तिब्बत, भूटान, वियतनाम, थाईलैंंड, जापान, म्यांमार से आवे वाले विदेशी मेहमानन के शक्ल अउर शरीर करीब करीब मिलले के चलते जांच में परेशानी होत बा।

424540cookie-checkगया में चीन के महिला जासूस: दलाई लामा अउर बोधगया पर नजर रखे वाली महिला के स्केच जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.