Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल में सामिल होइहें साहित्य के दुनिया में प्रसिद्ध श्री अशोक वानखड़े  

430

गोरखपुर: गोरखपुर के साहित्य के सबसे बड़ आ अनूठा आयोजन गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल के एह साल के आयोजन 7-8 जनवरी के होटल विवेक उत्सव लॉन, बैंक रोड, एसबीआई मेन ब्रांच के सोझा, गोरखपुर में होई। बता दीं की एह साल के आयोजन में देस के ख्याति प्राप्त साहित्यकार आ कलाकार लोगन के मवजूदगी रही। एह कड़ी में एगो नाम पद्म श्री से सम्मानित साहित्य के दुनिया में प्रसिद्ध श्री अशोक वानखड़े, आई जानल जाव इहां के बारे में…

साहित्य आ मीडिया से गहिराह रिस्ता बा 

अपना कॉलम्स, राजनीतिक परीक्षण, गतिशील चरचा आ आउर दोसर मुद्दन पs सटीक आ अन्योक्तिपूर्ण विश्लेषण खातिर साहित्य जगत में प्रसिद्ध श्री अशोक वानखेड़े जी एह घरी एबीपी न्यूज़ आ एबीपी माझा जइसन प्रतिष्ठित मीडिया संस्थान से जुड़ल बाड़ें। श्री वानखेड़े मेट्रोपोलिटन अपडेट के मैनेजरो हई। संगही राजनीति, समाज, अर्थशास्त्र आ फिलिम जइसन मुद्दन पs अपना लेखनी से सक्रिय रहेनी।

424520cookie-checkगोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल में सामिल होइहें साहित्य के दुनिया में प्रसिद्ध श्री अशोक वानखड़े  

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.