Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आजु अलीगढ़ में, सीएम दीहें सफाई मशीन के सौगात

908
Google Ads 300*250 for posts

प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आजु अलीगढ़ दौरा पर आ रहल बानें। ऊ लखनऊ से राजकीय हैलीकॉप्टर से सीधे नुमाइश मैदान स्थित आयोजन स्थल पर पहुंचिहें। इहां से कार्यक्रम में शामिल होखले के बाद फिरोजाबाद खातिर रवाना होइहें। कार्यक्रम के अनुसार मुख्यमंत्री बिहाने 11:40 बजे लखनऊ से रवाना होइहें अउर दोपहर 1.05 बजे नुमाइश मैदान हेलीपैड स्थत पर उतरिहें। 1.15 बजे मंच पर पहुंचले के बाद प्रबुद्धजन सम्मेलन के संबोधित करिहें अउर विभिन्न विकास परियोजना के लोकार्पण अउर शिलान्यास करिहें।

सीएम योगी दोपहर 2.45 बजे ले मंच पर रहिहें अउर एकरे बाद 2.55 बजे इहां से फिरोजाबाद खातिर रवाना होइहें। ई जानकारी देत एडीएम सिटी विवेक चतुर्वेदी बतवलें कि उनके आगमन के ले के सब तैयारी पूरा कs लीहल गइल बा।

मुख्यमंत्री दीहें सफाई के मशीनन के सौगात

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सुक्क के शहर के सफाई व्यवस्था खातिर 10.75 करोड़ रुपया के मशीन के हरिहर झंडी दिखइहें। नगर आयुक्त अमित आसेरी अपर नगर आयुक्त राजेश कुमार यादव के नेतृत्व में नुमाइश मैदान पहुंच के एह मशीन के लोकार्पण के ले के अधीनस्थ लोह के दायित्व निर्धारित कइलें।

नगर निगम द्वारा ठोस अपशिष्ठ प्रबंधन के सुदृढ़ बनावे खातिर 10.75 करोड़ रुपया से अलग अलग मशीन खरीदल गइल बा। जेमें डोर-टू-डोर कूड़ा कलैक्शन खातिर 113 टाटा एस वाहन, मुख्य मार्गन के सफाई खातिर 2 रोड स्वीपिंग मशीन, कलेक्शन खातिर 2 रिफ्यूज कॉम्पेक्टर, सीएडडी वेस्ट कलेक्शन अउर कूड़ा उठान के काम खातिर 4 बेक्होलोडर (जेसीबी) खरीदल जाई।

नगर आयुक्त अमित आसेरी कहनें कि मुख्यमंत्री सफाई उपकरण के हरिहर झंडी दिखा के रवाना करिहें। एसे सफाई व्यवस्था के बल मिली। एह अवसर पर अपर नगर आयुक्त राजेश कुमार यादव, उप नगर आयुक्त राजकिशोर प्रसाद, सहायक नगर आयुक्त पूजा श्रीवास्तव आदि लोग मौजूद रहल।

एहू के कs सकतने घोषणा

मुख्यमंत्री ट्रांसपोर्ट नगर के स्थापना, नयका सिरा से साथा चीनी मिल के स्थापना, क्वार्सी चौराहा, एटा चुंगी, सारसौल अउर सासनीगेट पर प्रस्तावित फ्लाई ओवर निर्माण अउर रिंग रोड, खैर बाईपास के निर्माण के घोषणा कs सकतने। एकरे अलावा जिला के छठवीं तहसील के रूप में अकराबाद के नाम के घोषणा करे के सथही कई करोड़ रुपया के विकास कार्यन के सौगात भी दे सकतनें। निकाय चुनाव से पहिले मुख्यमंत्री के एह दौरा के बहुत महत्वपूर्ण मानल जा रहल बा।

391180cookie-checkमुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आजु अलीगढ़ में, सीएम दीहें सफाई मशीन के सौगात

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.