Gorakhpur News: गोरखपुर जंक्शन पऽ जल्दीए शुरू होई एफओबी के निर्माण

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 19, 2024

गोरखपुर जंक्शन के प्लेटफार्म नंबर एक पs बंद मिडिल फुट ओवरब्रिज (एफओबी) के जगह जल्दिए नया ओवरब्रिज के निर्माण शुरू हो जाई। स्टेशन के पुनरुत्थान में सबसे पहिले एफओबी के निर्माण होई। एकर नया डिजाइन

Share

गोरखपुर जंक्शन के प्लेटफार्म नंबर एक पs बंद मिडिल फुट ओवरब्रिज (एफओबी) के जगह जल्दिए नया ओवरब्रिज के निर्माण शुरू हो जाई। स्टेशन के पुनरुत्थान में सबसे पहिले एफओबी के निर्माण होई। एकर नया डिजाइन के मंजूरी मिल गइल बा।

नया एफओबी रेल लाइन के बीच बिना खंभा तइयार हो जाई। यात्री के समस्या के ध्यान में राखत रेल प्रशासन प्राथमिकता के आधार पs 6 मीटर चौड़ा एफओबी बनावे के फैसला कइले बा। 6 महीना में निर्माण कार्य पूरा करे के लक्ष्य राखल गइल बा। मौजूदा पुल से 12 मीटर पश्चिम में नया फुट ओवरब्रिज बनावल जाई।

स्टेशन पs मिडिल फुट ओवरब्रिज लगभग एक साल से बंद बा। जर्जर होखे के चलते इ पुल बंद हो गइल। एकरा के मरम्मत के बारे में चर्चा भइल, बाकिर बाद में फैसला भइल कि पहिले एकर निर्माण होई। नया एफओबी चालू होखला के बाद पुरान एफओबी के गिरा दिहल जाई। एही तरे तीनों एफओबी के एक-एक कऽ के निर्माण कईल जाई।

कोट..

प्लेटफार्म नंबर एक पs बंद मिडिल फुट ओवरब्रिज के जगह जल्दिए नया ओवरब्रिज के निर्माण के काम शुरू हो जाई। एकर डिजाइन के मंजूरी मिल गइल बा।

– पंकज कुमार सिंह, सीपीआरओ, पूर्वोत्तर रेलवे

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.