[the_ad_group id="30365"]

दीपोत्सव के तर्ज पर अब अयोध्या में लागी रामायण मेला, 4 दिन ले रही मेला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अयोध्या में रामायण मेला एह साल राम भक्तन अउर धार्मिक क्षेत्र के खातिर विशेष आकर्षण के केंद्र होई, जेकर उद्घाटन प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ करिहें। दीपोत्सव में श्री योगी अयोध्या वासियन से आवाहन कइले रहनें कि भगवान राम अउर रामायण के प्रसंग पर आधारित कार्यक्रम बड़ स्तर पर होत रहे के चाहीं।

रामायण मेला समिति के पदाधिकारी लोग मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के एही मंशा के पूर्ति खातिर एह बरिस हो रहल चार दिन के रामायण मेला कार्यक्रम करावल जा रहल बा। संपन्न होखे वाले हर कार्यक्रम सनातन धर्म अउर आमजन खातिर एगो सशक्त संदेश बन जइहें।

रामायण मेला के पहिला दिन दूपहर 2:00 बजे उद्घाटन सत्र के शुभारंभ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ करिहें अउर सांस्कृतिक संध्या में रामायण के मार्मिक प्रस्तुति के प्रसंग प्रस्तुत कइल जाई। एही के संगे रामायण चित्र वीथिका के प्रतियोगिता भी आयोजित कइल जाई, दूसरे दिन प्रदेश के सांस्कृतिक अउर पर्यटन मंत्री जय वीर सिंह मुख्य अतिथि होइहें। सांस्कृतिक कार्यक्रम के अंतर्गत राम विवाह के सथही अन्यान्य प्रकार के लोक नृत्य प्रस्तुत कइल जाई, एही कार्यक्रमन के प्रस्तुति तीसरे दिन भी कइल जाई।

रामलला के दरबार में रामायण मेला के पोस्टर भइल जारी

जबकि चौथा दिन रामायण मेला के समापन में मुख्य अतिथि के रूप में जल शक्ति मंत्री रामकेश निषाद रहिहें अउर संपूर्ण रामायण मेला के प्रतिभागियन के पुरस्कृत कइल जाई, एहीके साथ रामायण के प्रसंग पर आधारित सांस्कृतिक संध्या भी आयोजित कइल गइल बा।

पिछले 40 साल में रामायण मेला में काफी उतार-चढ़ाव देखल गइल, कब्बो शासन सत्ता से अपेक्षित सहयोग न मिलले के कारण रामायण मेला के औपचारिक रूप में संपन्न करे के पड़ल त कब्बो शासन सत्ता के पूरा सहयोग मिलले के कारण रामायण मेला दिव्य अउर भव्य रुप में आयोजित भइल।

40 साल में अइसनो दिन आइल जब देश विदेश के रामलीला के मंचन भइल। साहित्य,संस्कृति,कला, संगीत अउर धर्म क्षेत्र के मूर्धन्य लोग आपन प्रतिभा से रामायण मेला में चार चांद लगा दिहल। फिलहाल एही बरिस रामायण मेंला आकर्षक अउर प्रभावशाली ही नाइ होखे जा रहल बा बलुक समाज खातिर एगो बड़ा संदेश भी प्रसारित करी।

27 नवंबर के सीएम योगी रामायण मेला के करिहें उद्घाटन

रामायण मेला के संयोजक आशीष मिश्रा बतवनें कि अयोध्या सरयू तट पर स्थित राम कथा पार्क में आयोजित होखे वाले एह रामायण मेला में रामायण के प्रसंग पर आधारित भगवान के चरित्र के दर्शावले नाइ जाई, बलुक उनके विभिन्न सांस्कृतिक कार्यक्रम के माध्यम से लोग ले एक रामराज्य संदेश देहले के काम करी। आयोजन में देश भर के राष्ट्रीय कलाकार प्रतिभाग करिहें त उहवें जानकारी दिहलें कि एह रामायण मेला आदित्य बनाबे खातिर ऊ राम जन्मभूमि रामलला के समक्ष रामायण मेला के पोस्टर के अनावरण कइल गइल रहे जेपर उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भी सहमति जतवले रहनें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]