1 रुपिया जादा फीस वसूलले पs अस्पातल के कर्मचारी के गईल नौकरी, विधायक जी पकड़ले चोरी

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 18, 2024

  भाजपा विधायक प्रेम सागर पटेल के एगो वीडियो सोशल मीडिया पs तेजी से वायरल हो रहल बा। असल में प्रेम सागर पटेल अस्पताल के औचक निरीक्षण करे आइल रहले, जहां उनुका पता चलल कि

Share

 

भाजपा विधायक प्रेम सागर पटेल के एगो वीडियो सोशल मीडिया पs तेजी से वायरल हो रहल बा। असल में प्रेम सागर पटेल अस्पताल के औचक निरीक्षण करे आइल रहले, जहां उनुका पता चलल कि ठेका वाला कर्मचारी मरीज से एक रुपया से जादे फीस लेत रहे। इs जान के विधायक खिसिया गईले। वीडियो में सुनल जा सकता कि विधायक साहब इs कहत देखाई देतारे कि जनता से जादा पईसा लेवे के हिम्मत कईसे भइल, आप लोग के चलते इहे बा कि हमनी के लोग निजी अस्पताल जाए खातीर मजबूर बाड़े।

इs पूरा मामला उत्तर प्रदेश के महाराजगंज जिला के जगदौर के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र (सीएचसी) के बा, जहां एगो संविदा कर्मचारी मरीज से एक रुपिया के तय शुल्क के बदला दु रुपिया लेत रहे। जब मामला सोझा आईल तs संविदा कर्मचारी के सेवा समाप्त कs दिहल गईल। अपर मुख्य चिकित्सा अधिकारी राजेन्द्र प्रसाद कहले कि, अतिरिक्त शुल्क लेवे में लागल अनुबंधित कर्मचारी संजय के सेवा समाप्त कs दिहल गईल बा।

विधायक सीएमओ के फोन कईले 

एक रुपया से अधिका के फीस वसूली होखे के जानकारी मिलला के बाद सिसवा भाजपा विधायक प्रेम सागर तुरंत सीएमओ के फोन कs के स्लिप काउंटर पs काम करेवाला कर्मचारी के हटावे के कहले। पटेल सीएचसी के स्टाफ के बतावत सुनल जा सकेला कि ऊ कवनो गाँव से आइल बाड़न आ समझत बाड़न कि गरीबी आ लाचारी में जियल कइसन लागेला. भाजपा विधायक स्टाफ से कहले कि, “तs आपके हमरा के समझावे के कवनो जरूरत नईखे कि का होखता। हम जानतानी। इs लूटपाट हs। जनता के परेशानी ना होखे के चाही।”

सिसवा विधायक आरोप लगवले कि उनुका के सरकारी स्वास्थ्य सुविधा में होखत गड़बड़ी के शिकायत जनता से मिलल बा। बाद में जिला स्वास्थ्य विभाग के अधिकारी पुष्टि कईले कि आरोपी फार्मासिस्ट, जेकर पहचान संजय के रूप में भईल बा, उs एगो एजेंसी में काम करेवाला अनुबंधित कर्मचारी हवे। उनुकर सेवा समाप्त हो गईल बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.