[the_ad_group id="30365"]

बिना अनुमति लिहले इस्तेमाल नाइ होई अमिताभ बच्चन के फोटो अउर आवाज, दिल्ली न्यायालय दिहलस आदेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड के दिग्गज अभिनेता अमिताभ बच्चन अपने व्यक्तित्व अधिकारन के सुरक्षा खातिर दिल्ली उच्च न्यायालय में मुकदमा दायर कइलें। न्यूज एजेंसी एएनआई के मुताबिक बिग बी आपन छवि, व्यक्तित्व विशेषता, आवाज अउर नाम के रक्षा करे खातिर ई कदम उठवले बानें। याचिका दायर होखले के बाद जानल-मानल वकील हरीश साल्वे न्यायमूर्ति नवीन चावला के समक्ष अमिताभ बच्चन के तरफ से आपन पक्ष रखलें। तमाम दलील के सुनले अउर समझले के बाद कोर्ट अमिताभ बच्चन के पक्ष में आपन फैसला सुनवलस।
अमिताभ बच्चन

 

कोर्ट बॉलीवुड स्टार अमिताभ बच्चन के बड़ राहत देत सुक्क के एक अंतरिम निषेधाज्ञा पारित कs दिहले बानें। एकरे मुताबिक अमिताभ बच्चन के अनुमति के बिना उनकर तस्वीर अउर आवाज के उपयोग नाइ कइल जा सकsता।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]