OPS, सिलेंडर, मुफ्त इलाज: हरियाणा में कांग्रेस जारी कइलस ‘संकल्प पत्र’ आ कइलस ई बड़ वादा

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 18, 2024

  कांग्रेस बुध के दिने हरियाणा विधानसभा चुनाव खातिर आपन घोषणापत्र जारी कइले बिया. पार्टी अपना ‘संकल्प पत्र’ में वादा कईले बिया कि जदी सत्ता में आई तs हर परिवार के 300 यूनिट मुफ्त बिजली

Share

हरियाणा में कांग्रेस जारी कइलस 'संकल्प पत्र': फोटो

 

कांग्रेस बुध के दिने हरियाणा विधानसभा चुनाव खातिर आपन घोषणापत्र जारी कइले बिया. पार्टी अपना ‘संकल्प पत्र’ में वादा कईले बिया कि जदी सत्ता में आई तs हर परिवार के 300 यूनिट मुफ्त बिजली दिहल जाई अवुरी 25 लाख रुपिया तक मुफ्त इलाज दिहल जाई। एकरा अलावे पार्टी वादा कईले बिया कि किसान के एमएसपी के कानूनी गारंटी दिहल जाई। साथही अगर ओह लोग के फसल के कवनो नुकसान भइल तs ओह लोग के तुरते मुआवजा दिहल जाई. महिला खातीर बड़ घोषणा करत कांग्रेस अपना ‘संकल्प पत्र’ में वादा कईले बिया कि हर महीना 2000 रुपया देवे के अलावे 500 रुपया में गैस सिलेंडर भी दिहल जाई।

बुजुर्ग, दिव्यांग आ विधवा लोग के पेंशन

कांग्रेस अपना ‘संकल्प पत्र’ में एगो बड़ घोषणा कईले बिया अवुरी इहो वादा कईले बिया कि जदी सत्ता में आई तs उs बुजुर्ग, दिव्यांग अवुरी विधवा के 6000 रुपिया के पेंशन दिही। पार्टी ओपीएस लागू करे के बात भी कईले बिया। संगही आरक्षण पs एगो नाया दांव खेलत पार्टी कहलस कि जाति के सर्वेक्षण कईल जाई अवुरी क्रीमी लेयर के सीमा बढ़ा के दस लाख रुपिया कs दिहल जाई। नशा मुक्त हरियाणा के नारा देत पार्टी वादा कईले बिया कि बहाली कानून के तहत 2 लाख स्थायी बहाली होई। कांग्रेस अपना घोषणापत्र के माध्यम से युवा, बुजुर्ग, महिला अवुरी दिव्यांग समेत समाज के हर वर्ग ले पहुंचे के कोशिश कईले बिया।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.