जम्मू-कश्मीर चुनाव में वोटिंग के लेके कश्मीरी हिंदू महिला लोगन में उत्साह, 11 बजे तक 26 फीसदी मतदान

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 18, 2024

Jammu and Kashmir Assembly Elections 2024: जम्मू-कश्मीर में 10 साल बाद विधानसभा चुनाव हो रहल बा। पहिला चरण के मतदान सुरू हो गइल बा। मतदान खातिर सुरक्षा बेवस्था कड़ा बा। पहिला चरण खातिर 24 सीटन

Share

Jammu and Kashmir Assembly Elections 2024: जम्मू-कश्मीर में 10 साल बाद विधानसभा चुनाव हो रहल बा। पहिला चरण के मतदान सुरू हो गइल बा। मतदान खातिर सुरक्षा बेवस्था कड़ा बा। पहिला चरण खातिर 24 सीटन पs मतदान जारी बा। मतदान खातिर सबेरही पोलिंग बूथ पs बड़ संख्या में लोगन के भीड़ देखे के मिल रहल बा। 24 सीटन पs कइयन गो दिग्गजन के किस्मत आज ईवीएम में कैद हो जाई।

बता दीं कि जम्मू कश्मीर में धारा-370 हटला के बाद पहिला बेर विधानसभा चुनाव हो रहल बा। चुनाव खातिर राजनीतिक पार्टियन के संगे-संगे मतदाता लोगन में बहुते उत्साह देखे के मिल रहल बा। पहिला चरण खातिर जवना सीटन पs मतदान होखे के बा, ओकरा पs कांग्रेस-नेकां गठबंधन, पीडीपी सहित कइयन गो आउर दलन के उम्मीदवार चुनाव के रोचक बना रहल बा लो।

11 बजे तक के आंकड़ा के मोताबिक अब तक कुल 26 फीसदी मतदान भइल बा।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.