[the_ad_group id="30365"]

मध्य प्रदेश आ छत्तीसगढ़ के बाद अब ठाणे में लहराइल फिलिस्तीनी झंडा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

महाराष्ट्र के राजधानी मुंबई से सटल ठाणे के मुंब्रा इलाका में ईद-ए-मिलाद-उन-नबी के मौका पs जुलूस निकालल गईल। खबर के मुताबिक, जुलूस में भाग लेवे वाला लोग कथित तौर पs एs दौरान फिलिस्तीनी झंडा लहरावत रहले। एह घटना के एगो वीडियो भी सामने आइल बा जवना में एगो आदमी फिलिस्तीनी के बड़हन झंडा लहरावत लउकत बा. बता दीं कि ईद-ए-मिलाद-उन-नबी जुलूस के दौरान फिलिस्तीनी झंडा लहरावे के खबर देश के अलग अलग हिस्सा से सामने आइल बा. कई मामिला में पुलिस एह मार्चन के दौरान फिलिस्तीनी झंडा लहरावे वाला लोग के खिलाफ कार्रवाई कइले बिया.

बता दीं कि मध्य प्रदेश के बालाघाट शहर में ईद-ए-मिलाद-उन-नबी जुलूस का दौरान कथित तौर पर फिलिस्तीनी झंडा लहरावे के आरोप में तीन गो नवहियन के गिरफ्तार कs लिहल गइल आ एगो नाबालिग लड़िका के हिरासत में लिहल गइल. मंगल के दिने एह बारे में जानकारी देत ​​पुलिस कहले रहुवे कि प्रारंभिक जांच में पता चलल बा कि ई लोग सोशल मीडिया रील आ इंस्टाग्राम वीडियो से प्रेरित बा जवना में कथित तौर पs फिलिस्तीनी झंडा के महिमामंडन कइल गइल बा. आरोपी के पहचान शाकिब खान (25), तौहीब बेग (20) आ सोहेल (18) के रूप में भईल बा अवुरी इs सभ राजा नगर इलाका के निवासी हवे।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]