Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP: भाजपा नेता अपर्णा यादव राज्य महिला आयोग के उपाध्यक्ष के कार्यभार संभरली, सीएम से कइले रहली मुलाकात

350

नाराजगी के खबरन के बीच सामाजिक कार्यकर्ता आ भाजपा नेता अपर्णा यादव उत्तर प्रदेश राज्य महिला आयोग के उपाध्यक्ष के कार्यभार संभार लेले बाड़ी। एह मवका पs उनका संगे उप मुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक के पत्नी नम्रता पाठक मवजूद रही। ऊ सोमार के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से मुलाकात कइले रहली।

बता दीं कि सरकार पिछलके हफ्ता आगरा के बबीता चौहान के आयोग के अध्यक्ष, गोरखपुर के चारू चौधरी आ अपर्णा यादव के उपाध्यक्ष बनावाल गइल रहे। एकरा बाद दुनो पदाधिकारी कार्यभार संभाल लेले रहे लो, बाकिर अपर्णा यादव पदभार ना संभरली। जवना के लेके उनकर भाजपा से नाराजगी के खबर आवत रहे। अपर्णा यादव मंगर के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से मुलाकात कइले रहली।

955870cookie-checkUP: भाजपा नेता अपर्णा यादव राज्य महिला आयोग के उपाध्यक्ष के कार्यभार संभरली, सीएम से कइले रहली मुलाकात

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.