भगवान राम पऽ डिजाइन बना के बीएचयू टीम जीतल पहिला पुरस्कार

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 11, 2024

अयोध्या में आयोजित ग्लोबल लेवल डिजाइन प्रतियोगिता (एब्स्ट्रैक्ट पेंटिंग, मूर्तिकला आ भित्ति चित्रकला) में बीएचयू टीम के पहिला पुरस्कार मिलल बा। एमें दृश्य कला संकाय के एप्लाइड आर्ट्स विभाग के शिक्षक डॉ. मनीष अरोड़ा आ

Share

अयोध्या में आयोजित ग्लोबल लेवल डिजाइन प्रतियोगिता (एब्स्ट्रैक्ट पेंटिंग, मूर्तिकला आ भित्ति चित्रकला) में बीएचयू टीम के पहिला पुरस्कार मिलल बा। एमें दृश्य कला संकाय के एप्लाइड आर्ट्स विभाग के शिक्षक डॉ. मनीष अरोड़ा आ शोध छात्र राहुल कुमार शॉ के अयोध्या के मंडल आयुक्त गौरव दयाल आ अयोध्या विकास प्राधिकरण का तरफ से दू लाख रुपिया के नकद राशि आ प्रमाणपत्र से पुरस्कृत उपाध्यक्ष अश्विनी कुमार पाण्डेय कइले।

वैश्विक स्तर पs आयोजित डिजाइन प्रतियोगिता में भारत के संगे-संगे विदेशो से भारी संख्या में कलाकार भाग लेले रहले। एह आयोजन के मुख्य उद्देश्य अयोध्या के वैश्विक आध्यात्मिक राजधानी के रूप में बहाल कइल रहे।

डॉ. मनीष अरोड़ा कहले कि उनका प्रस्तावित डिजाइन में अयोध्या के मुख्य चार मार्ग (राम पथ, जन्मभूमि पथ, भक्ति पथ, धर्म पथ) के चित्रण बा। एमें अमूर्त कला के चित्रकला के श्रेणी में श्री राम के भक्तन के भावना आ विचार पर काम कइल गइल।

डॉ. मनीष बतवले कि अयोध्या खाली राम के नगरी ना ह, बलुक अध्यात्म, पर्यटन, श्रेष्ठ विचार आ नया भव्य जीवन के वैश्विक राजधानी हऽ। एह सब तथ्यन पs शोध कइला के बादे डिजाइन तइयार कइल गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.