खाए के पईसा देले बिना भागत रहे युवक, वेटर रोकलस तs ओके कार से 1 किलोमीटर ले घसीटलस

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 11, 2024

    डांस, जुगाड़ आ टैलेंट जइसन वीडियो आमतौर पs सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs वायरल हो जाला. बाकिर कबो कबो अइसने कुछ वीडियो वायरल हो जाला जवना के देखला के बाद लोग डेरा जाला. अबे

Share

वेटर के कार सवार युवक 1 किलोमीटर ले घसीटलस: फोटो

 

 

डांस, जुगाड़ आ टैलेंट जइसन वीडियो आमतौर पs सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs वायरल हो जाला. बाकिर कबो कबो अइसने कुछ वीडियो वायरल हो जाला जवना के देखला के बाद लोग डेरा जाला. अबे सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs अयीसने एगो वीडियो वायरल होखता, जवना के देखला के बाद आप पूरा तरीका से हैरान होखब। कुछ युवक के कुछ पईसा बचावे खातीर वेटर के जान के परवाह तक ना रहे।

कुछ लोग अपना गाड़ी में एक जगह से जात रहे आ ओकरा बाद एगो आदमी रोक के ओहिजा चहुँप जाला. दुनों के बीच कुछ बहस हो जाला, ओकरा बाद युवक ओ आदमी के पकड़ के अपना गाड़ी से घसीट के बहुत दूर ले ले जाला।

पुलिस के मुताबिक गाड़ी में सवार आरोपी वेटर के करीब एक किलोमीटर ले घसीटत गईल अवुरी ए दौरान उनुका के पीटलस भी। ए मामला में पुलिस वेटर के शिकायत पs तीनों कार सवार के खिलाफ मामला दर्ज क देले बिया। पुलिस के कहनाम बा कि मामला के छानबीन होखता अवुरी जल्दिए आरोपी के खिलाफ कार्रवाई होई।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.