शारदा सिन्हा के स्वास्थ्य के लेके लोग चिंतित, शिव मंदिर में हो रहल बा महामृत्युंजय जाप

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 26, 2024

Gopalganj News: शिव मंदिर के पुजारी विंध्याचल चौबे कहले कि हमनी के सब केहू के प्रार्थना बा कि शारदा दीदी जल्दी ठीक हो जास। उहाँ के गीत हमेशा से हमनी के दिल के छूवत आइल

Share

Gopalganj News: शिव मंदिर के पुजारी विंध्याचल चौबे कहले कि हमनी के सब केहू के प्रार्थना बा कि शारदा दीदी जल्दी ठीक हो जास। उहाँ के गीत हमेशा से हमनी के दिल के छूवत आइल बा आ छठ पर्व ओह लोग के बिना अधूरा लागत बा।

देश के मशहूर लोकगायिका आ पद्म विभूषण से सम्मानित शारदा सिन्हा के स्वास्थ्य बिगड़ला के बाद दिल्ली के अखिल भारतीय चिकित्सा विज्ञान संस्थान (एम्स) में भर्ती करावल गइल बा । जहां उनकर हालत गंभीर बतावल जाता। जइसहीं ई खबर फइलल देश भर में उनकर प्रशंसक आ शुभचिंतक उनका जल्दी ठीक होखे के दुआ करे लगले। एकरा संबंध में गोपालगंज शहर के विभिन्न मंदिरन में पंडित लोग द्वारा विशेष पूजा आ महामृत्युंजय के जप कइल जा रहल बा।

शिव मंदिर के पुजारी विंध्याचल चौबे कहले कि हमनी के सब केहू के प्रार्थना बा कि शारदा दीदी जल्दी ठीक हो जास। उहाँ के गीत हमेशा से हमनी के दिल के छूवत आइल बा आ छठ पर्व ओह लोग के बिना अधूरा लागत बा।

शारदा सिन्हा के गोपालगंज से गहिराह संबंध बा आ इहाँ कई बेर आपन कार्यक्रम प्रस्तुत कर चुकल बाड़ी। खास कर के छठ के परब में उनकर गीतन के एगो खास जगहा होला। जइसे-जइसे छठ पर्व नजदीक आवत बा, एहसे लोग खास तौर पs उनका जल्दी ठीक होखे के दुआ करत बाड़े।

शिव मंदिर में आयोजित एह विशेष पूजा के अलावे उनकर प्रशंसक सोशल मीडिया पs आपन चिंता आ इच्छा भी बतवले बाड़े। भारतीय संगीत में आपन अनोखा पहचान बनावे वाली शारदा सिन्हा के स्वास्थ्य पर चिंता पूरा देश के एकजुट कऽ दिहले बा। सब केहू उनकर जल्दी ठीक होखे के कामना करत बा, ताकि उऽ एक बेर फेरु अपना सुरीला गीतन से सभका के मंत्रमुग्ध कर सकस ।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.