Maharashtra: NCP जारी कइलस उम्मीदवारन के दूसरका सूची, बांद्रा पूर्व से बाबा सिद्दीकी के बेटा जीशान के टिकट

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 25, 2024

महाराष्ट्र चुनाव खातिर अजित पवार के पार्टी एनसीपी (राकांपा) अपना उम्मीदवारन के दूसरका सूची जारी कs देले बिया। एह सूची में सात उम्मीदवारन के नाम जारी कइल गइल रहे। सूची के तहत बांद्रा पूर्व से

Share

प्रेस कॉन्फ्रेंस के संबोधित करत उप मुख्यमंत्री अजित पवार - फोटो : पीटीआई

महाराष्ट्र चुनाव खातिर अजित पवार के पार्टी एनसीपी (राकांपा) अपना उम्मीदवारन के दूसरका सूची जारी कs देले बिया। एह सूची में सात उम्मीदवारन के नाम जारी कइल गइल रहे। सूची के तहत बांद्रा पूर्व से पार्टी बाबा सिद्दीकी के बेटा जीशान सिद्दीकी के आपन उम्मीदवार बनवले बिया। एनसीपी इस्लामपुर से निशिकांत पाटील, अणुशक्ति नगर से सना मलिक के आपन उम्मीदवार बनवले बिया। गौर करे वाला बात बा कि सना मलिक एनसीपी के दागी नेता नवाब मलिक के बेटी हई।

पहिला सूची में रहे 38 उम्मीदवारन के नाम

अजित पवार के नेतृत्व वाली एनसीपी (राकांपा) एक दिन पहिलही 38 उम्मीदवारन के पहिला सूची जारी कइले रहे। पहिला सूची में पार्टी प्रमुख अजित पवार, छगन भुजबल आ दिलीप वाल्से पाटील जइसन वरिष्ठ नेता लोगन के नाम रहे। अजित पवार बारामती सीट से, छगन भुजबल येवला सीट से आ दिलीप वाल्से पाटील आंबेगाव सीट से चुनाव लड़िहें। पार्टी धनंजय मुडे के परली, नरहरी झिरवाल के दिंडौरी सीट से उम्मीदवार बनवले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.