Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

‘अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन’ के दिल्ली इकाई के गठन भइल

475
Google Ads 300*250 for posts

दिल्ली। ‘अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन’ भोजपुरी साहित्य के संवर्धन-संरक्षण के क्षेत्र में काम करे वाली सबसे पुरान संस्था ह। एह संस्था से अनेक वरिष्ठ साहित्यकार लोग जुड़ रहल बा। एह संस्था के 21 वां अधिवेशन पिछला 26-27 फरवरी के बिहार के मोतिहारी में भइल। अधिवेशन सम्मेलन के नया कार्यकारिणी के गठन भइल आ ओही में प्रतिज्ञा पढ़ल गइल कि एकर विस्तार देश के अलग-अलग राज्यो में कइल जाई। ओहि सिलसिला में दिल्ली इकाई के संयोजक केशव मोहन पाण्डेय के बनावल गइल।

पिछले दिन दिल्ली इकाई के गठन भइल ह। ‘अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन’ के दिल्ली इकाई के घोषणा सम्मेलन के राष्ट्रीय संयोजक डॉ ब्रज भूषण मिश्र जी आ प्रवर समिति के श्री महेंद्र प्रसाद सिंह जी के उपस्थिति में कइल गइल। दिल्ली इकाई के अध्यक्ष डॉ हरे राम पाठक जी बननी जबकि कार्यकारी अध्यक्ष श्री जेपी द्विवेदी जी। डॉ मुन्ना कुमार पांडेय, डॉ राजेश कुमार मांझी आ डॉ गौतम चौबे जी उपाध्यक्ष बननी जबकि इकाई के महामंत्री श्री राजीव उपाध्याय जी बननी। कोषाध्यक्ष श्री शशि रंजन मिश्र जी, साहित्य मंत्री श्री देवकांत पांडेय जी, कला-संस्कृति मंत्री श्रीमती इंदु मिश्रा किरण जी, प्रकाशन मंत्री श्री अखिलेश पांडेय जी बननी जबकि संगठन मंत्री लवकांत सिंह जी, प्रचार मंत्री श्रीमती सरोज त्यागी जी आ प्रबंध मंत्री श्री सुनील कुमार सिन्हा जी बननी।


दिल्ली इकाई के कार्यकारिणी के कुछ सदस्य लोग नामित रहल, जेमे श्री मनोज दुबे, श्री अनूप श्रीवास्तव, श्री रितेश गोस्वामी, डॉ विनय भूषण मिश्र आ श्री नवनीत मिश्र के नाँव बा।
दिल्ली प्रदेश के इकाई के एह गठन के अवसर पर राष्ट्रीय संयोजक डॉ ब्रजभूषण मिश्र जी सबके कार्यकारिणी के नियम से अवगत करवनी आ अधिक से अधिक सदस्य लोग के जोड़े पर बल दिहनी। ऊंहा के सदस्यता शुल्क के विवरणो प्रस्तुत कइनी। गठन के अवसर पर सभे भोजपुरी भाषा-साहित्य के समृद्धि खातिर आपन-आपन बात रखल। बैठक में आगामी कार्यक्रम के रूपरेखा पर चर्चा भइल। प्रवर समिति के सदस्य महेंद्र प्रसाद सिंह जी अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के नव-गठित इकाई के पदाधिकारी आ सदस्यगण के शुभकामना आ बधाई देहनी।

292730cookie-check‘अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन’ के दिल्ली इकाई के गठन भइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.