Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सक्षमता परीक्षा 2.0 खातिर एडमिट कार्ड जारी : शिक्षक एकरा के आज से कs सकत बा लो डाउनलोड, 12 मई से होई परीक्षा

295
Google Ads 300*250 for posts

सक्षमता परीक्षा के दुसरका चरण खातिर परीक्षा के आयोजन 12, 14 आ 15 मई के कइल जाये के बा। एकरा खातिर कुल 85 हजार नियोजित शिक्षक लोग आवेदन कइले बा। ओहिजा, आज से एह परीक्षा खातिर एडमिट कार्ड जारी कs दिहल गइल बा। एह संबंध में सूचना जिला शिक्षा अधिकारी आ जिला कार्यक्रम अधिकारी के भेज दिहल गइल बा।

बिहार बोर्ड ने सब परीक्षार्थियन के प्रवेशपत्र वेबसाइट https://www.bsebsakshamta.com पs अपलोड कs दिहल गइल बा। बिहार बोर्ड स्पष्ट कइले बा कि प्रवेशपत्र डाउनलोड होखे के बाद ओकरा पs जिला कार्यक्रम अधिकारी से हस्ताक्षर करे के होई। तबे प्रवेशपत्र के मान्य मानल जाई। बिना हस्ताक्षर वाला प्रवेश पत्रन के आधार पs परीक्षा केंद्रन में प्रवेश ना दिहल जाई। बोर्ड परीक्षार्थियन से आग्रह कइले बाड़ें कि प्रवेशपत्र पs अंकित निरदेसन के पालन कइलस।

एडमिट कार्ड गुम भइल तs फेर देवे के होई परीक्षा

मूल एडमिट कार्ड गुम होखे के इस्थिति में शिक्षक अभ्यर्थी के दोबारा सक्षमता परीक्षा देवे के होई। अभ्यर्थी कावर से परीक्षा फॉर्म भरत घरी आधार कार्ड, मैट्रिक के प्रमाण पत्र, टीइटी, सीटीइटी, एसीईटी उत्तीर्णता प्रमाण पत्र, प्रशैक्षणिक आ शैक्षणिक प्रमाण पत्र आउर नियोजन इकाई कावर से जारी नियुक्ति पत्र अपलोड करे के होई।

59 विषय के होई परीक्षा

सक्षमता परीक्षा 2.0 में अलग-अलग कक्षा खातिर सात श्रेणी में कुल 59 विषयन के परीक्षा बोर्ड कावर से आयोजित कइल जाई। परीक्षा में कवनो निगेटिव मार्किंग ना होई।  एमे पहिले से पांचवां खातिर एगो विषय के परीक्षा होई। छठा से आठवां खातिर आठ विषयन के परीक्षा होई। एकरा अलावे माध्यमिक (नउवां से दसवां) में 19 विषयन आ उच्च माध्यमिक (11वीं से 12वीं) में 31 विषयन के परीक्षा लिहल जाई।

का होई प्रश्न, जानीं 

प्रारंभिक, हाई आ इंटर स्कूलन में पढ़ावल जाये वाला कोर्स से सवाल पूछल जाई। सक्षमता परीक्षा में कुल 150 वस्तुनिष्ठ प्रश्न होई। एमे कक्षा एक से पांच खातिर एगो भाषा से 30, सामान्य अध्ययन से 40 आए सामान्य विषय से 80 प्रश्न पूछल जाई। एही तरे के अंक प्रश्न छठी से आठवीं, नौवीं व दसवीं तआ 11 वीं आ 12 वीं के नियोजित शिक्षकन से पूछल जाई।

818410cookie-checkसक्षमता परीक्षा 2.0 खातिर एडमिट कार्ड जारी : शिक्षक एकरा के आज से कs सकत बा लो डाउनलोड, 12 मई से होई परीक्षा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.