पंकज त्रिपाठी के अवॉर्ड विनिंग इंटरनेशनल फिल्म, इंडिया में होखे जा रहल बा रिलीज, जानीं कब देई थिएटर्स में दस्त

By Anurag Ranjan

Published on: May 8, 2024

  पंकज त्रिपाठी आ राम गोपाल बजाज अभिनीत अंतर्राष्ट्रीय स्तर पर पुरस्कृत फिलिम ‘मैंगो ड्रीम्स’ भारत में रिलीज होखे वाला बा. अमेरिकी निर्देशक जॉन अपचर्च के निर्देशन में बनल एह भावुक फिलिम में पंकज त्रिपाठी

Share

 

पंकज त्रिपाठी आ राम गोपाल बजाज अभिनीत अंतर्राष्ट्रीय स्तर पर पुरस्कृत फिलिम ‘मैंगो ड्रीम्स’ भारत में रिलीज होखे वाला बा. अमेरिकी निर्देशक जॉन अपचर्च के निर्देशन में बनल एह भावुक फिलिम में पंकज त्रिपाठी एगो मुस्लिम ऑटो रिक्शा चालक के किरदार में बाड़न, जे हिन्दू डाक्टर के किरदार निभावे वाला राम गोपाल बजाज से अनोखा रिश्ता बनावत बाड़न. एह रिश्ता के नींव एगो गजब के सफर का दौरान लगावल गइल बा जवना से दर्शकन के दिल टूट गइल. ई मुस्लिम ऑटो ड्राइवर आ एगो हिन्दू डाक्टर मिल के डाक्टर के बचपन के घर के तलाश में भारत भर के सफर पs निकल गइलन

फिल्म के स्वतंत्र भारतीय मंच पs रिलीज होखे से उत्साहित निर्देशक जॉन अपचर्च के कहनाम बा कि, ‘एह कहानी में भारत अवुरी पाकिस्तान में पैदा भईल अवुरी अलग भईल दु भाई के रिश्ता के खोज कईल गईल बा।’ भारत पाकिस्तान के तनावपूर्ण संबंध दुनिया के कई हिस्सा में चलत टकराव के दर्शकन के सोझा ले आवे के काम करेला.

उs आगे कहतारे कि, ‘फिल्म के सेट भारत में बा, बाकिर कहानी में बहुत पड़ोसी देश के आपसी टकराव के झलक मिलता।’ मूल कहानी अमेरिका में सेट भइल रहे बाकिर एह फिलिम के सेट दुनिया के कहीं भी हो सकेला जहाँ बंटवारा होखे.

फिल्म एह दिन रिलीज होखी
फिल्म ‘मैंगो ड्रीम्स’ में पंकज त्रिपाठी के तारकीय अभिनय के चलते उनुका के 2017 में केपटाउन इंटरनेशनल फिल्म मार्केट एंड फेस्टिवल में सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के पुरस्कार मिलल। दुनिया भर के कई गो अंतर्राष्ट्रीय फिल्म महोत्सव में भी एह फिलिम के मान्यता मिलल। एह फिलिम के प्रीमियर भारत के खुला सिनेमाघरन में 16 मई के होखी.

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.