Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एटीएम कार्ड बदल के धोखाधड़ी करे वाला आरोपी गिरफ्तार

252
Google Ads 300*250 for posts

पासवर्ड देखके, कार्ड बदल के अउर ऑनलाइन रकम निकाल के लोग से ठगी कइले के आरोप में पुलिस आरोपी के गिरफ्तार कइल गइल बा। ओके नगर में एक्सिस बैंक के लग्गे से गिरफ्तार कइल गइल बा। ओकरे लगे से 60 हजार रुपया नकद, मोबाइल फोन, एटीएम कार्ड, फर्जी सिमकार्ड अउर आधारकार्ड बरामद भइल बा।

सोमार के पुलिस कार्यालय में एसपी धवल जायसवाल बतवलें कि 11 सितंबर के देर रात पुलिस आरोपी के गिरफ्तार कइलस। उ बतवलें कि आरोपी के नाम इरफान खान उर्फ कल्लू उर्फ बाडीगार्ड हवे। ई चित्रकूट धाम के करवी वार्ड नंबर-दो के निवासी हवे। ओकरे कब्जा से अपराध में इस्तेमाल कइल गइल पांच मोबाइल फोन, अलग अलग 15 एटीएम, 26 सिमकार्ड, 26 आधारकार्ड अउरी 60 हजार रुपया बरामद भइल रहे। बरामदगी के आधार पर ओकरे खिलाफ मुकदमा दर्ज कs के विधिक कार्रवाई कइल जा रहल बा।

ई लोग भइल रहे धोखाधड़ी के शिकार

एसपी बतवलें कि जरीना पत्नी मुहम्मद जुनैद निवासी वीर अब्दुल हमीदनगर से धोखाधड़ी के दस हजार रुपया, रामभजन प्रसाद निवासी कठहा थाना धनहां, पश्चिमी चंपारण, बिहार के संगे भइल धोखाधड़ी के 20 हजार रुपया बरामद भइल बा। प्रदीप सिंह निवासी खड्डा खुर्द, थाना कोतवाली पडरौना से भइल धोखाधड़ी के दस हजार रुपया, अमीना खातून निवासी कोठिलवा बबुइया हरपुर, थाना कोतवाली पडरौना से धोखाधड़ी कsके लिहल गइल 20 हजार रुपया बरामद कइल गइल बा।

328580cookie-checkएटीएम कार्ड बदल के धोखाधड़ी करे वाला आरोपी गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.