[the_ad_group id="30365"]

बच्चा चोरी के अफवाह फइलावे वालन पs होई कार्रवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जिला में बच्चा चोरी के अफवाह फ़इलावे वालन पर सख्त कार्रवाई होई। पुलिस उनके खिलाफ मुकदमा दर्ज कsके उनके जेल भेजवावे के प्रक्रिया पूरा करी। ई बात सीओ जितेंद्र सिंह कालरा कहलें। ऊ सोमार के पटहरेवा थाना में ग्राम प्रधान, चौकीदार अउरी दूसर लोग के बइठक के संबोधित करत रहलें।

उ कहलें कि त्योहार में कौनो तरह के खलल फइलावे वाले बख्शल नाइ जाई। एह लिए पहिलही सब के जानकारी दीहल जा रहल बा। सीओ  कहलें कि बच्चा चोरी के अफवाह सोशल मीडिया पर भी न फैलावें। एहसे लोग परेशान होला। बच्चा चोरी के अफवाह फैलावे से समाज में भय फइल रहल बा। उ प्रधान अउर दूसर लोग से कहलें कि सब लोग आपन जिम्मेदारी पूरा करें।

अफवाह के रोकथाम में पुलिस के मदद करें, जेसे बेवजह केहू अफवाह के शिकार न बने। बैठक में एसएचओ अखिलेश सिंह, ग्राम प्रधान राजेश तिवारी, जैनेंद्र रायो, अजीत शर्मा, पप्पू सिंह, डॉ. शमसुल हक, चौकीदार महंत खरवार, मुनि यादव सहित काफी संख्या में जनप्रतिनिधि लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]