बिहार में जमीन सर्वे के दौरान विवाद, भतीजा बुजुर्ग चाचा के पीट-पीटके कइलस हत्या

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 23, 2024

    बिहार के करीब 45 हजार राजस्व गांव में भूमि सर्वेक्षण के काम चलता। बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार जब जमीन सर्वेक्षण के काम शुरू कईले रहले तs उs कहले रहले कि एकरा से

Share

Bihar News

 

 

बिहार के करीब 45 हजार राजस्व गांव में भूमि सर्वेक्षण के काम चलता। बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार जब जमीन सर्वेक्षण के काम शुरू कईले रहले तs उs कहले रहले कि एकरा से जमीन से जुड़ल अपराध में कमी आई, बाकिर एकरा उलटा राज्य में अबे ले जमीन के विवाद के मामला सोझा आवता। ताजा मामला बेगूसराय जिला के बा, जहां जमीन के सर्वेक्षण के दौरान अमीन के भतीजा जमीन में हिस्सेदारी के लेके अपना 70 साल के चाचा सूर्य नारायण महतो के पीट-पीट के हत्या कs देले।

जमीन के बंटवारा के संबंध में विवाद

परिवार सूर्य नारायण महतो के प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र बखरी ले गईल, जहां डॉक्टर उनुका के मृत घोषित कs देले। तुरंत परिवार के लोग घटना के बारे में बखरी थाना के जानकारी देले। बखरी थाना के सूचना मिलते प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र पहुंचले अवुरी शव के अपना हिरासत में लेके आगे के कानूनी कार्रवाई करे लगले। घटना के बारे में मरेवाला के पतोह रेणु देवी बतवली कि हमार ससुर घर में रात के खाना खात रहले, तबे उनुकर भतीजा पहुंचले अवुरी जमीन के सर्वेक्षण खातीर नापी जाए के कहले। एकरा बाद सूर्य नारायण महतो जमीन पs पहुंच गईले। एही दौरान सूर्य नारायण महतो अपना भतीजा से कहले कि एह जमीन में तीनों भाई के हिस्सा होई, जवना पs उनुकर भतीजा महेंद्र महतो अवुरी बाकी लोग कहले कि उs लोग ओ जमीन के खेती करेले, एहीसे एकरा के सिर्फ दुनो भाई के बीच बांटल जाई। एकरा लेके विवाद शुरू हो गईल। एकरा बाद आरोप बा कि सूर्य नारायण महतो अवुरी उनुकर पोता जब एकर विरोध कईले तs दुनो पs हमला भईल। ओकरा बाद सूर्य नारायण महतो के गमछा से फांसी लगा के पिटलस, जवना के चलते उनुकर मौका पs मउत हो गईल।

घटना के बारे में प्रभारी एसपी रमेश प्रसाद सिंह बतवले कि सूर्य नारायण महतो बखरी थाना क्षेत्र के महादेव चक गांव के निवासी रहले अवुरी उs बेमार रहले। भाई लोग के बीच जमीन के सर्वेक्षण के लेके कुछ आपसी विवाद रहे, जवना के लेके सब लोग आपस में झगड़ा करत रहले, जवना में मृतक सूर्य नारायण महतो विवाद के सुलझावे गईल रहले। ओह क्रम में ऊ गिर गइलन आ अस्पताल ले जात समय मर गइलन. परिवार के लोग के दिहल आवेदन पs प्राथमिकी दर्ज कs कानूनी कार्रवाई शुरू कs दिहल गईल बा। बखरी डीएसपी पूरा घटना के निगरानी में जुटल बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.