महाराष्ट्र आ झारखंड में रुझानन के बीच भाजपा मुख्यालय में छानल जा रहल बा जलेबी, जानीं केकरा बीच केकर प्रतियोगिता बा?

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 23, 2024

    महाराष्ट्र अवुरी झारखंड दुनो राज्य में विधानसभा चुनाव 2024 के चुनाव पूरा हो चुकल बा। महाराष्ट्र में कुल 288 विधानसभा सीट पs 20 नवंबर के एक चरण में चुनाव भईल। एकरा संगे झारखंड

Share

Politics News

 

 

महाराष्ट्र अवुरी झारखंड दुनो राज्य में विधानसभा चुनाव 2024 के चुनाव पूरा हो चुकल बा। महाराष्ट्र में कुल 288 विधानसभा सीट पs 20 नवंबर के एक चरण में चुनाव भईल। एकरा संगे झारखंड में कुल 81 विधानसभा सीट पs 13 अवुरी 20 नवंबर के दु चरण में मतदान भईल। अब 23 नवंबर के दुनो राज्य के चुनाव के नतीजा सामने आ रहल बा। चुनाव परिणाम के रुझान के बीच दिल्ली में भारतीय जनता पार्टी के मुख्यालय में जलेबी परोसल जा रहल बा।

केकरा बीच केकर मुकाबला बा?

महाराष्ट्र में होखेवाला विधानसभा चुनाव में मुख्य मुकाबला भाजपा, शिव शिवसेना अवुरी एनसीपी के ‘महायुति’ गठबंधन अवुरी कांग्रेस, शिवसेना (यूबीटी) अवुरी एनसीपी (शरद चंद्र पवार) के महाविकास अघाडी के बीच बा। दुनो गठबंधन चुनाव में आपन-आपन जीत के दावा करतिया। राज ठाकरे के मनसे आ प्रकाश अम्बेडकर के वंचित बहुजन अघाडी समेत कुछ अउरी दल भी मैदान में बाड़ी। दूसर ओर झारखंड में मुख्य मुकाबला जेएमएम, कांग्रेस, राजद अवुरी एनडीए के भव्य गठबंधन के बीच बा, जवन कि भाजपा, आजसु समेत बाकी दल के गठबंधन हs।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.