IND vs AUS: पर्थ टेस्ट में लागल रिकॉर्ड्स के झड़ी, बुमराह स्मिथ के गोल्डन डक पs आउट करे वाला दूसरका बॉलर

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 23, 2024

भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच पांच मैचन के टेस्ट सीरीज के पहिला मुकाबला पर्थ में बा। टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल भारतीय टीम 150 रन पs सिमट गइल रहे। अइसन लागत रहे कि न्यूजीलैंड

Share

भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच पांच मैचन के टेस्ट सीरीज के पहिला मुकाबला पर्थ में बा। टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल भारतीय टीम 150 रन पs सिमट गइल रहे। अइसन लागत रहे कि न्यूजीलैंड के खिलाफ क्लीन स्वीप के बाद टीम इंडिया इहवो धराशाई हो जाई। हालांकि, भारतीय तेज गेंदबाज कप्तान जसप्रीत बुमराह के अगुआई में गजब प्रदर्शन से ऑस्ट्रेलिया पहिला पारी में 98 रन पs 9 विकेट गंवा देले बा। बुमराह अभी ले पांच विकेट लेले बाड़ें। एमे उस्मान ख्वाजा, नाथन मैकस्वीनी, स्टीव स्मिथ आ पैट कमिंस के विकेट सामिल बा। स्मिथ तs गोल्डन डक के शिकार भइलें। ऊ पहिला गेना पs बुमराह के शिकार बनलें। ऊ एल्बीडब्ल्यू आउट भइलें।

बुमराह बनवलें खास रिकॉर्ड

एही के संगे बुमराह एगो खास रिकॉर्डो बना देलें। ऊ टेस्ट में स्मिथ के गोल्डन डक के शिकार बनावे वाला खाली दूसरका गेंदबाज बनलें। एकरा पहिले 2014 में डेल स्टेन पोर्ट एलिजाबेथ में अइसन कइले रहस। अब 10 साल बाद पर्थ में बुमराह अइसन कइलें। मैच के दौरान पहिला दिन ऑस्ट्रेलियाई गेंदबाजन के सुरुआती 10 ओवर में जहां 0.72 डिग्री के सीम मूवमेंट मिलल रहे, जबकि भारतीय गेंदबाजन के सुरुआती 10 ओवर में 0.91 डिग्री सीम मूवमेंट मिलल।

भारतीय गेंदबाजन के मिलल सीम मूवमेंट

ऑस्ट्रेलियाई टीम के 40.3 प्रतिशत के तुलना में भारत के 56.4 प्रतिशत गेना 0.75 डिग्री से जादे स्विंग भा सीम भइल। खेल के खाली 94 दिन अइसन रहल बा जब सीमरन के लिए गेंद औसतन 0.793 डिग्री से अधिक सीम की। एमे से खाली एक दिन में भारत आ ऑस्ट्रेलिया दुनो के संयुक्त बल्लेबाजी औसत 10.64 से कम रहे। 2022 में ऑस्ट्रेलिया आ दक्षिण अफ्रीका के बीच ब्रिस्बेन टेस्ट के दूसरका दिन, जेमे 0.810 डिग्री के औसत सीम देखा गइल रहे आ बल्लेबाजन के औसत 9.16 रहल रहे।

लाबुशेन के नावे अनचाहा रिकॉर्ड

लाबुशेन 52 गेना में खाली दु रन बनवलें। 50 गेना के सामना कइला के बाद लाबुशेन के ओर से बनावल गइल दु रन सबसे कम रन बा। पिछलका सबसे कम रन 2023 में ओवल में इंग्लैंड के खिलाफ पांच रन रहे। 1980 के बाद से खाली दूसरका बेर ऑस्ट्रेलिया घरेलू टेस्ट के कवनो पारी में स्कोर 40 तक पहुंचे से पहिले आपन पहिले पांच विकेट गववले बा। एसे पहिले 2016 में होबार्ट में दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ ऊ 17 रन बनावे में पांच विकेट गंववले रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.