[the_ad_group id="30365"]

साइकिल पs लाद के पगडंडी के रास्ते नेपाल पहुंचावल जा रहल बा भारतीय चीनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एही साल एक जून से भारत से नेपाल के चीनी के निर्यात पर प्रतिबंध लगला के बाद अब एकर तस्करी होखे लागल बा। पगडंडियन के रास्ते साइकिल पs लादकर चीनी के बोरी के सरहद के ओह पार पहुंचावल जा रहल बा। भारत के तुलना में नेपाल में चीनी के दाम में करीब दस रुपया प्रति किलो (फुटकर में) ल अंतर होखला से चीनी के तस्करी हो रहल बा। सीमावर्ती क्षेत्र में साइकिल से चीनी के बोरा ओह पार पहुंचवलें के वायरल वीडियो एह दिन चर्चा में बा।

सूत्रन के अनुसार, भारत-नेपाल सीमा से लगल गांव में पिकअप में लाद के चीनी की बोरी पहुंचावल जात बा। अइसन जगह पर साइकिल लेकल के कैरियर पहिलही से मौजूद रहेने। एक साइकिल पर 50 किलोग्राम वाली तीन से चार बोरी के लाद के सीमा पार पहुंचावल जाला। बतावल जाला कि सरहद पार भी कौनो गाड़ी खड़ा रहs ला जेमे चीनी लाद के बाजार ले पहुंचा देहल जाला।

एक पिकअप गाड़ी में 60 बोरी यानी 30 क्विंटल चीनी लाद के सीमावर्ती क्षेत्र में पहुंचs ला। एकर कीमत 1,20,000 रुपये बतावल जाला। नेपाल में पहुंचले पर एकर कीमत 1,50,000 रुपया हो जाला। अगर एक पिकअप चीनी नेपाल पहुंच जाला, त 30 हजार के कमाई हो जाला। हालांकि, ई सामान्य मूल्य के अनुमानित कीमत ह। थोक में चीनी के खरीदारी कइला पs मूल्य में प्रति किलो दू से तीन रुपया के अंतर आ जाला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]