[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: महंगाई के खिलाफ राजभवन मार्च पs निकलल कांग्रेस अध्यक्ष मदन मोहन झा समेत कई लोग हिरासत में। सदाकत आश्रम से राजभवन खातिर निकलल कार्यकर्ता लोगन के पुलिस बीच रास्ता में रोक देलस।
  2. बिहार: जमुई एसपी शौर्य सुमन के फोन पs मिलल धमकी, मोबाइल लोकेशन के पता लगा के देवघर से कइल गइल गिरफ्तार। धमकी के दौरान अभद्र भाषा के भइल रहे प्रयोग।
  3. उत्तर प्रदेश: पोस्टर में सैनेटरी पैड पs श्रीकृष्ण के तस्वीर के लेके अलीगढ़ में FIR, मुश्किल में प्रोड्यूसर-डायरेक्टर। फिल्म मासूम सवाल के पोस्टर के लेके मुकदमा दर्ज करे खातिर दिहल गइल बा तहरीर।
  4. उत्तर प्रदेश: EX MLA विजय मिश्र के आरोप- ADG 2 करोड़ आ पूर्व SP भदोही मंगले रहले 1 करोड़, ना देले तs फंसा दिहल लो। ऊ वर्तमान सरकार में ब्राह्मणन के उत्पीड़न के बात कहले।
  5. झारखंड: झारखंड विधानसभा के मानसून सत्र स्थगित भइला पs CPI-ML के नाराजगी, बोलल लो – विरोध के बादो चले के चाहत रहे सत्र।
  6. महंगाई पs कांग्रेस के संसद से सड़क तक हल्लाबोल: राहुल के बाद प्रियंको हिरासत में, PM आवास गइला से रोकला पs सड़क पs बइठली।
  7. हेराल्ड केस में सभे नेता लोग वोरा के नाम लेले: कहल लो- वित्तीय फसिला मोतीलाल वोरा लेत रहस, बाकिर एकर सबूत ना दे सकल लो।
  8. 2024 ले बनी 26 ग्रीन एक्सप्रेस वे: गडकरी कहले- दिल्ली से जयपुर के सफर 2 घण्टा में आ मुम्बई तक 12 घण्टा में पूरा होई।
  9. बेजोस के शिप से 6 लोग कइल अंतरिक्ष के यात्रा: 107 किमी ऊपर गइल लो, फेर पैराशूट से नीचे आइल लो, एक टिकट 10 करोड़ के।
  10. CWG: स्पीकर गिरला के बाद बर्मिघम स्टेडियम के रेसलिंग वेन्यू खाली करावे के पड़ल, भारतीय रेसलर मवजूद रहे लो। जांच के बाद दुबारा सुरु भइल रेसलिंग।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]