[the_ad_group id="30365"]

श्रीलंका चीनी जासूसी जहाज के देश में घुसले पर लगवलस रोक, का भारत के नाराजगी रहल वजह?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

श्रीलंकाई सरकार चीनी सरकार से कहले बा कि ऊ हंबनटोटा बंदरगाह पर अपने अंतरिक्ष-उपग्रह ट्रैकर जहाज युआन वांग 5 के यात्रा के तब तक खातिर टाल दे, जब ले कि दोनों सरकारों के बीच कौनों अउरी सलाह-मशविरा न हो जाए। बता देई कि चीन के एह जासूसी जहाज के 11 अगस्त के श्रीलंका के हंबनटोटा बंदरगाह पर ईंधन भरे अउरी 17 अगस्त के छोड़ले खातिर निर्धारित कइल गइल रहे।

युआन वांग 5 ह एगो जासूसी जहाज

जासूसी जहाज के रूप में नामित, युआन वांग 5 को साल 2007 में बनावल गइल रहल। एकर क्षमता 11,000 टन बा। सर्वेक्षण पोत 13 जुलाई के चीन के जियानगिन से रवाना भईल अउरी वर्तमान में ताइवान के करीब स्थित बा। मरीन ट्रैफिक वेबसाइट के मुताबिक, ई जहाज फिलहाल दक्षिण जापान अउरी ताइवान के उत्तर पूर्व के बीच पूर्वी चीन सागर में बा।

भारत जतवले रहल नाराजगी

श्रीलंका के हंबनटोटा बंदरगाह पर चीन के विशाल पोत के अइले के सूचना के लेके हाल ही में भारत आपन कड़ आपत्ति जतवले रहलें। भारत के विदेश मंत्रालय एके लेके साफ शब्द में कहले रहने कि ऊ ओकर सुरक्षा अउरी आर्थिक हित पर असर डरले वाले कौनों घटनाक्रम पर करीब से निगाह रखsला। एकरे बाद आर्थिक संकट से जूझ रहल श्रीलंका के अपने देश के माली हालत के चिंता सतावे लागल। दरअसल, श्रीलंका के भी पता बा कि मुश्किल के घड़ी में भारत ही ओकर साथ देहले रहल। चीन से मदद के नाम पर कुछ नाइ मिलल। अइसन में कहल जा सकत बा कि श्रीलंका भारत के नाराजगी के आगे झुके के मजबूर हो गइल।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]