Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

987
  1. बिहार: बीजेपी अध्यक्ष जेपी नड्डा पs बरसले पप्पु यादव, कहले- जनता महंगाई से परेसान, बीजेपी पानी के तरे बहा रहल बिया पईसा।
  2. बिहार: बाबाधाम से बोधगया जा रहल जीप से नीचे गिरल कांवरिया, गाड़ी से दबके भइल मौत, तीन आउर भइले घायल।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी एमएलसी उपचुनाव- धर्मेंद्र सिंह सैंथवार आ निर्मला पासवान भाजपा के प्रत्याशी घोषित।
  4. उत्तर प्रदेश: बरेली कांवड़ यात्रा अटैक केस- कांवड़िया पs गंदा पानी फेंके आ पत्थर चलावे के मुख्य अरोपित जीवेश गिरफ्तार।
  5. झारखंड: झारखंड के राज्यपाल रमेश बैश पहुँचले रिम्स, पद्मश्री सिमोन उरांव के सेहत के लेले जानकारी।
  6. अक्षय कुमार पs राम सेतु के छवि बिगाड़े के आरोप: सुब्रमण्यम स्वामी बोलले- खिलाड़ी पs केस करेम, देस से निकालहु के करिहें मांग।
  7. अर्पिता से जुड़ल आठ कंपनियन के बैंक खाता फ्रीज: ED हिरासत में पार्थ चटर्जी के खुलासा, बोलले- नेता लोगन के कहला पs नौकरी देनी।
  8. यूरोप में मंकीपॉक्स से पहिला मौत: मरे वाला मरीज स्पेन के रहे, अब तक दुनिया में कुल छव लोग के गइल बा मंकीपॉक्स से जान।
  9. कॉमनवेल्थ गेम्स के दूसरा दिन: वेटलिफ्टिंग में भारत जीतलस दु गो मेडल, संकेत सिल्वर आ गुरुराज पुजारी ब्रॉन्ज़ अपना नावे कइले।
  10. टीम इंडिया के धमाकेदार जीत: पहिला टी-20 में वेस्टइंडीज के 68 रन से हरवलस, 19 गेना में 41 रन बनावे वाला कार्तिक बनले मैन ऑफ दs मैच।
303230cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.