[the_ad_group id="30365"]

गायब होखे वाला बा Sprite के हरिहर रंग के बोतल:61 साल बाद बदली रंग, अब सफेद दिखी, हरिहर रंग से होत रहल धरती के बड़ नुकसान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्प्राइट अब हरियर बोतल में ना मिल पाई। स्प्राइट निर्माता कंपनी कोका कोला 60 साल बाद एह लोकप्रिय कोल्ड ड्रिंक के हरियर बोतल के बजाय सफेद आ पारदर्शी बोतल में बेचे के फैसला कईले बिया।

पहिला बेर 1961 में अमेरिका में लॉन्च भईल अउरी दुनिया के सबसे लोकप्रिय शीतल पेय में से एक ह, हरिहर रंग के स्प्राइट के ना बेचे के फैसला 1 अगस्त से लागू हो जाई।

कोका-कोला 27 जुलाई के जारी एगो बयान में घोषणा कईलस कि, उ अब 1 अगस्त से स्प्राइट के हरा रंग के बोतल में ना बेची। कंपनी के कहनाम बा कि एकर इ कदम पर्यावरण के प्रति अउरी जिम्मेदार बने के कोशिश के हिस्सा बा।

कोका-कोला स्प्राइट के संगे-संगे कंपनी के अउरी पेय पदार्थ के साफ बोतल में पेश करी जवन कि हरे रंग के बोतल में आवेला। एहमें फ्रेस्का, सीग्राम आ मेलो येलो शामिल बा.

कंपनी कहले बिया कि एकर शुरुआत उत्तरी अमेरिका से होई। धीरे-धीरे भारत समेत पूरा दुनिया में हरियर बोतल के जगह साफ बोतल के इस्तेमाल कईल जाई।

कोका-कोला यूरोपीय देशन आ कुछ दक्खिन एशियाई देशन में स्प्राइट के हरियर बोतल के जगह पारदर्शी बोतल के इस्तेमाल 2019 में ही शुरू कइले बा। एकर शुरुआत पहिला बेर फिलिपींस में 2019 में भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]