[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: किशनगंज के स्कुलन में साप्ताहिक छुट्टी बदलला पs सरकार सख्त, शिक्षा मंत्री मंगले डीओ से रिपोर्ट। डीओ के रिपोर्ट अइला के बाद उचित कारवाई के दियवले भरोसा, कहले कि स्कूल सरकार के नियमन के पालन करे खातिर बाध्य।
  2. बिहार: पटना में मिलल मंकिपॉक्स के पहिला संदिग्ध मरीज, बीमार के घरे पहुंचल डॉक्टरन के टीम, अलर्ट पs विभाग। पटना सिटी के गुरहट्टा इलाका के रहनिहार हई महिला।
  3. उत्तर प्रदेश: योगी सरकार के बड़ फसिला: प्राइमरी स्कूल के बच्चन खातिर स्टेशनरी कइल गइल फ्री, बैंक एकाउंट में मिली 1200 रुपिया।
  4. उत्तर प्रदेश: माफिया मुख्तार अंसारी के बेटा अब्बास के बाद पत्नी आ दु गो साला फरार घोषित, आत्मसमपर्ण ना कइला पs होई कुर्की।
  5. झारखंड: सूखाग्रस्त घोषित होई झारखंड, विधानसभा सत्र में घोषणा करी हेमंत सरकार, मंत्री सत्यानन्द भोक्ता के बड़ ऐलान।
  6. उद्धव ठाकरे: बोलले- दिल्ली पीठ में छुरा भोंकलस, जब असप्ताल में हिले लायक तक ना रहनी, तबे सरकार गिरावे के कोसिस भइल। एकनाथ शिंदे गुट भाजपा से मिलके बनवले बा सरकार।
  7. चुनावन में फ्री आफरन से सुप्रीम कोर्ट नाखुश: कहलस- पॉलिटिकल पार्टियन द्वारा लालच दिहल जाला, रोक खातिर केन्द्र जल्दी रस्ता निकालो।
  8. संसद के मानसून सत्र के 7वां दिन: हंगामा के चलते राज्यसभा से विपक्ष के 19 सांसद हफ्ताभर खातिर सस्पेंड, एमे तृणमूल के 7 सांसद।
  9. नीरज चोपड़ा कॉमनवेल्थ गेम्स से बाहर: वर्ल्ड एथिलेटिक्स चैंपियनशिप में लागल रहे चोट, एक महीना आराम करिहें। अब कॉमवेल्थ में रोहित यादव फेंकिहे भाला।
  10. इंग्लैंड में लउकल भारत के तूफानी गेंदबाज के कहर: नवदीप सैनी काउंटी के दूसरा मैच में दु गेना पs दु विकेट, डेब्यू मैच में लेले रहस 7 विकेट।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]