[the_ad_group id="30365"]

Defence Ministry: रक्षा मंत्रालय के अहम फसिला, 28,732 करोड़ रुपिया के रक्षा सौदन के मंजूरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Defence Ministry: रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह की अध्यक्षता में मंगर के संपन्न भइल रक्षा खरीद परिषद के बैठक में अहम फसिला लिहल गइल बा। बैठक में सशस्त्र ड्रोन, कार्बाइन आ बुलेटप्रूफ जैकेट सहित रक्षा बलन खातिर 28,732 करोड़ रुपिया के हथियारन के खरीद के मंजूरी दिहल गइल बा। रक्षा मंत्रालय एकर जानकारी देले बा।

बुलेटप्रूफ जैकेट के प्रस्ताव के एह वजे से मिलल मंजूरी

मंत्रालय कहलस कि रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह के अध्यक्षता में रक्षा अधिग्रहण परिषद के बैठक में एलओसी पs तैनात भारतीय जवानन खातिर दुश्मन के स्निपर्स के खतरा के खिलाफ सुरक्षा बढ़ावे आ आतंकवाद विरोधी अभियानन में निकट युद्ध अभियानन के मद्देनजर बुलेटप्रूफ जैकेट के प्रस्ताव के मंजूरी दिहल गइल बा। रक्षा मंत्रालय कहलस कि एलएसी (LAC) आ पूर्वी सीमा पs पारंपरिक आ हाइब्रिड युद्ध भा आतंकवाद विरोधी अभियान खातिर एकरा के शामिल करे ले मंजूरी दिहल गइल बा। सेना खातिर 4 लाख क्लोज क्वार्टर बैटल कार्बाइन के स्वीकृति मिलल बा।

समुद्री सुरक्षा बढ़ावे खातिर 14 तेज गश्ती जहाजन के अधिग्रहण के मंजूरी

मंत्रालय के मोताबिक, आधुनिक युद्ध में भारतीय सेना के क्षमता के बढ़ावे खातिर डीएसी द्वारा स्वायत्त निगरानी आ सशस्त्र ड्रोन स्वार्म्स के खरीद के मंजूरी दिहल गइल बा। डीएसी समुद्री सुरक्षा बढ़ावे खातिर 14 गो तेज गश्ती जहाजन के अधिग्रहण के भारतीय तटरक्षक के प्रस्तावो के मंजूरी दिहल गइल बा। एकरा अलावे नौसेना के 1250 किलोवाट क्षमता के समुद्री गैस टर्बाइन जेनरेटर के अपग्रेड करे के प्रस्ताव के मंजूरी मिल गइल बा।

भारत-चीन सीमा पs जारी गतिरोधन के बीचे रक्षा मंत्रालय लेलस फसिला

पूर्वी लद्दाख में भारत के चीन के साथे लागल सीमा पs पिछिला दु साल से बेसी समे से जारी गतिरोध के बीच नाया खरीद प्रस्तावन के मंजूरी दिहल गइल बा। मंत्रालय कहलस कि पारंपरिक आ हाइब्रिड युद्ध के मवजूदा जटिल प्रतिमान के मुकाबला करे खातिर 4 लाख क्लोज क्वार्टर बैटल कार्बाइन खरीदे के स्वीकृति दिहल गइल बा। बयान में कहल गइल बा कि ई डेग भारत में छोट हथियार निर्माण उद्योग के एगो बड़ प्रोत्साहन प्रदान करे आ छोट हथियारन के निर्माण में आत्मनिर्भरता के बढ़ाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]